दुकान में टाँगल टार्च बम फटला से एक आदमी घवाहिल

बलिया जिला के रसड़ा थाना के जाम गांव में हार्डवेयर का एगो दुकान में एगो पैकेट टाँगल रहल. मकान मालिक के पत्नी के लागल कि केहु नवमी में टोटका कर के कुछ टाँग दिहले बा. ऊ अपने ना उतरली आ अपना आदमी से कहली. टाँगल पैकेट उतारल गइल त ओहमें एगो टार्च रहुवे. अबही टार्च देखते रहलन कि ओकरा में विस्फोट हो गइल आ मकान मालिक रामचंद्र शर्मा घवाहिल हो गइलें. हार्डवेयर के ई दुकान अमरजीत सिंह के ह.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।