गड़खा सीतलपुर रोड पर पुल भसल

शनिचर का रात गड़खा सीतलपुर रोड पर बनल बरीसन पुरान रामगढ़ा मिर्जापुर सड़क पुल अचके में भस गइल. शुरू में रेलिंग गिरल आ बाढ़ के पानी का दबाव में गँवे गँवे पूरा पुल भस गइल. गनीमत इहे रहल कि एह सड़क पर बाढ़ के पानी रहला का चलते गाड़ियन के आवाजाही पिछला कई दिन से बंद रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।