चारा आजु लालू के बेचारा बनाई कि ना के फैसला आजु

बिहार के बहुचर्चित चारा घोटाला के एगो मुकदमा में आजु सीबीआई की विशेष अदालत आरजेडी सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव समेत पैंतालिस गो अउरिओ लोगन के भाग्य का फैसला थोड़ देर में करे वाली बिया आ सभकर धेयान राँची में अटकल बा. लालू अपना पूरा परिवार समेत काल्हुए से राँची में मौजूद बाड़ें आ कहे वाला कहत बाड़े कि कुछ नरवसियाइल बाड़े. अबले भरोसा रहुवे कि कांग्रेस के हाथ उनुका साथे बा बाकिर कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गाँधी के बयान का बाद सबकुछ उलट पलट हो गइल बा. लागत बा किकांग्रेस लालू के साथ छोड़ नीतीश के साथ पकड़े वाली बिया.
ओने राजद के भविष्यो एह फैसला से जुड़ गइल बा. काहे कि अनेसा जतावल जात बा कि लालू अपना बाद पार्टी के कमान अपना बेटा तेजस्वी के हाथ मे देबे के सोचत बाड़े जवना के कुछ बड़का नेता माने खातिर तइयार नइखन लागत. अगर लालू के जेल जाए के नौबत आइल त पार्टी के कमान तेजस्वी का हाथे आई आ भाजपा आ जदयू दुनु पार्टी के पुरनका सदस्य पर आपन नजर गड़ा दीहें कि केकरा के लूट ले जाव अपना पाला में.
ई मामिला चाईबासा ट्रेजरी से गलत तरीका से 37.70 करोड़ रुपिया निकाले के ह. एहमें कुल 56 लोग का खिलाफ चार्जशीट दायर भइल रहे जवना में से एह बीच सात जने के मौत हो गइल बा. सप्लायर पी. के. जायसवाल आपन दोस मान लिहले रहले बाकिर सजा का दौरान उनकरो मौत हो गइल, एगो आईएएस अधिकारी सजल चक्रवर्ती के झारखंड हाई कोर्ट आरोप मुक्त कर दिहलसि आ दू गो आरोपी सरकारी गवाह बन गइले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।