न्यायाधीश से लालू कहले..हमही बतवनी हमरे के जेल

काल्हु जब झारखंड का बिरसा मुंडा केद्रीय जेल मे बंद बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद यादव के जब चारा घोटाला मामिला मे वीडियो कांफ्रेसिंग के जरिए सजा सुनावल गइल त ऊ बहुते परेशान हो गइले आ सजा सुनावत न्यायाधीश पी के सिंह के खरी खोटी सुना दीहले,
कहलन कि उनका खिलाफ कवनो सबूत ना रहल, उनके कहला पर मामिला दर्ज भइल आ उनुके के दोषी बना दीहल गइल, कहलन कि जवन अनेसा ले के ऊ सुप्रीम कोर्ट से गोहार लगवले रहले तवने भइल.
एह टिप्पणी का जवाब मे न्यायाधीश अतने कहले कि राउर बात लिख लीहल गइल बा. अपील कर दीं न्याय मिल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।