अंटा हमरा बाप के !

आजु सबेरे कानपुर वाला विकास दूबे पुलिस के गोली से मरा गइल.
बतावल जात बा कि यूपी पुलिस के दर्जन भर कारन के दस्ता विकास दूबे के ले के कानपुर ले आ गइल रहुवे जब विकास एगो पुलिस वाला के हथियार छीने के कोशिश कइलसि आ एही आपाधापी में कार पलटि गइल. एह हादसा के फायदा उठा के विकास भागे के कोशिश कइलसि आ मजबूरन पुलिस के गोली चलावे के पड़ल. घवाहिल विकास के लेके पुलिस अस्पताल चहुँपल जहाँ ओकरा मौत के एलान हो गइल.
सवाल बा कि अब ऊ लोग का करी जे काल्हु छाती पीटत रहुवे कि योगी सरकार के मिलिभगत का चलते विकास दूबे के गिरफ्तार करे के नौटंकी कइल गइल बा. ओह लोग का साथे त धोखा हो गइल. अब का कही ऊ लोग ?
अब ओह लोग के बयान हम अगवाहे बता दीहल चाहत बानी. अब कहल जाई कि विकास दूबे अपना आका सभ का बारे में खुलासा करे पर आमादा हो गइल रहुवे जवना का बाद ओह भंडाफोड़ के ना होखे देबे खातिर विकास दूबे के मार दीहल गइल. ई इनकाउन्टर ना, खुल्लमखुला हत्या कइल गइल बा.
एकरे के कहल जाला – चित भी मेरी, पट भी मेरी, अंटा हमरा बाप के !

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *