उत्तर प्रदेश के खबर

(सोमार 12 सितम्बर)

  • वोट खातिर नोट मामिला में सनइला के आरोपी अमर सिंह के तबियत तिहाड़ जेल में खराब होखला का बाद जेल प्रशासन उनुका के एम्स में भर्ती करवा दिहलसि.
  • अमर सिंह के जमानत याचिका पर बहस करत उनुकर वकील रामजेठमलानी जे भाजपा के सांसद हउवें कहलन कि हो सकेला कि नोट भाजपा के स्रोत से आइल होखे.
  • बांदा जिला में पिछला साल एगो नाबालिग लड़िकी का साथ बलात्कार मामिला के जाँच अब सीबीआई करी.
  • लखनऊ के ग्रामीण इलाका में आजु सोमार का दिने पांच गो लड़िका गोमती नदी में डूब गइले.
  • अब अमर सिंह के अंतरिम जमानत पर फैसला काल्हु मंगल के होई.
  • उत्तर प्रदेश के मुख्य विपक्षी दल समाजवादी पार्टी अगिला साल होखे जा रहल विधानसभा चुनाव में पार्टी के सरकार बनवावे का मकसद से आजु लखनऊ से क्रांतिरथ यात्रा निकालत अपना चुनाव अभियान के शुरुआत कर दिहलसि.
  • प्रतापगढ़ जिले में सोमार का दिने एगो स्कूल के बस पलटला से 18 गो छात्र घवाहिल हो गइल बाड़े.
  • अम्बेडकर नगर जिला में एगो कार के खाई में गिर पड़ल जवना से पांच आदमी के मौत हो गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।