– टीम अंजोरिया
#नासिक #बहुराष्ट्रीय-कंपनी #आई-टी-कंपनी #हिन्दू-युवती #जिहादी
हिन्दू युवतियन के यौन शोषण आ पंथ-बदलाव
sexual harassment in an i-t-service office

देशे ना विदेशो में जानल पहिचानल एगो आईटी कंपनी के नासिक कार्यालय में हिन्दू युवतियन का साथे दुराचार, यौनशोषण, आ इस्लामीकरण के मामिला आजु चरचा में बा. एक्सप्रेशन x.com पर ई ट्रेंडिंग खबर बन गइल बा.
चूंकि अधिकतर अखबारन आ चैनलन पर एह मामिला के चरचा चलत बा आ एकाध गो छोड़ सगरी एकरा के ‘नासिक स्थित एक आइटी कंपनी’ बता के आपन काम चला रहल बाड़न। ठीक ओही तरह जइसे मौलवी के कुकर्म वाला खबर का साथे नेशनल मीडिया धर्मगुरु के कुकर्म बता देलें। जहाँ अपराधी इस्लाम होखसु ओहिजा ओकर नाम भा मजहब के चरचा ना होखी बाकिर जे कहीं अपराधी हिन्दू होखे त ओकर नाम धरम जाति सगरी के खुलेआम डंका पीटल जाला। एहू मामिला में एकाध गो चैनल छोड़ केहू टीसीएस के नाम नइखे लेत। एहसे हमहूं ना लेब। आखिर टाटा समूह एगो बड़हन औद्योगिक समूह हवे आ समरथ के नहीं दोष गुसाईं वाला भाव में अतना बड़हन कंपनी के नाम लीहल ठीक ना रही। अखबारन आ चैनलन के त वित्त पोषण होत रहेला औद्योगिक घरानन से बाकिर छोटको चैनल बच के चले में विश्वास करेलें.
पिछला कई बरीस से चल रहल एह मामिला में कंपनी के नासिक कार्यालय के एच आर हेड आ छह गो टीम लीडरन के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा। आवे वाला दिनन में कुछ अउरी गिरफ्तारी हो सकेला बाकिर देश के न्यायालयन में एह मामिला के बरीसन ले लटका के सब कुछ हवा हवाई करा दीहल जाई।
बतावल जात बा कि आठ गो युवती आ एगो युवक एह बारे में आपन शिकायत दर्ज करवले बाड़न।
एह लोग के शिकायत बा कि एह लोग के जबरिया मजहब बदलवावे के कोशिश होखत रहल. बतावल जात बा कि मुसलमानन के एगो ह्वाट्सअप ग्रुप बना के ओह पर ओह महिला कर्मचारियन का बारे में जानकारी साझा कइल जात रहुवे जवन पारिवारिक भा आर्थिक संकट से गुजरत रहली सँ। एकरा बाद जिहादी युवक ओह औरतन के आपन निशाना बनावे में लाग जात रहले सँ। सवाल बा कि नौ गो लोग त सामने आ गइल बा। पता ना कतना लोग लाज भा डर का चलते आपन मुँह लुकवले पटाइल होखी। आखिर आपन यौन शोषण के बात बतावल सभका से संभव ना हो पावे।
अपराधी जिहादियन में रजा मेनन, दानिस शेख वगैरह के नाम लीहल जा रहल बा।
नीचे एगो एक्सप्रेशन आ एगो यूट्यूब वीडियो साझा कर रहल बानी।
WhatsApp groups formed by the Islamic conversion cartel at TCS Nashik would regularly share information on which Hindu woman to target – who is facing personal problems like bad marriage, no children, etc
Men like Raza Memon, Danish Sheikh etc would then target them through… pic.twitter.com/DSPtFdW9p4
— Swati Goel Sharma (@swati_gs) April 11, 2026

0 Comments