धूम मचावत बा कजरा मोहब्बत वाला के संगीत

कजरा मोहब्बत वाला

भोजपुरी में एहसाल के सबले चर्चित फिल्म “कजरा मोहब्बत वाला” के संगीत सुनेवालन के दिलो दिमाग छाप लिहले बावे आ बिहार उत्तरप्रदेश के हजारो मोबाइल उपभाक्ता एकर गाना आपन कालर ट्यून बनवले बाड़ें. पी जे फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता निर्देशक हरीश जयसवाल, संगीतकार राकेश त्रिवेदी, आ गीतकार राकेश निराला सभे मिल के भोजपुरी मानसिकता का हिसाब से गीत संगीत रचले बाड़ें.
एह गीतन में “राजा जी ज़रा संभल के”, “फिट बाटे हीटर”, “दुनिया के बटलू हमरा के डँटलू” आ “ना मनबू त सटा देब कट्टा” अबहिए लोग का जुबान पर चढ़ गइल बा. एकर संगीत रिलीज़ कइले बावे पी जे म्यूजिक जेकर ई पहिलका रिलीज होखी. एकरा बाद पीजे म्यूजिक गोला बारूद, बा केहू माई के लाल फिलिमन क म्यूजिक आ अनके वीडिओ अल्बम रिलीज़ करे वाली बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..