दिल्ली गैंगरेप के छठवों अपराधी पर बलात्कार के मुकदमा

दिल्ली के बदनाम रेप कांड के कम उमरिया अभियुक्त पर जुवेनाइल कोर्ट बलात्कार, हत्या, अपहरण, अप्राकृतिक दुराचार, हत्या के प्रयास, डकैती, सुबूत मेटावे के कोशिश आ षडयन्त्र के मुकदमा चलावे के आदेश दे दिहलसि. अब एह मामिला पर बारह मार्च से सुबूत दर्ज करे के काम शुरू होखी. पिछला साल सपलह दिसम्बर का रात दिल्ली में एगो लड़िकी का साथे भयंकर अत्याचार आ बलात्कार कइला का बाद ओकरा के मरल हाल में फेंक देबे वाला छह गो अपराधियन में से पाँच गो पर दिल्ली के अदालत में मुकदमा चलावल जात बा. ई छठवाँ अपराधी अपना के नाबालिग बतावत अपना के बेकसूर बतावल चाहत बा. ऊ कम उमिरिया होखे का चलते जुवेनाइल कोर्ट से कम सजा मिले के उमेद करत बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।