विराज भट्ट स्टारर ‘मर्द तांगेवाला’ के जलवा बिहार में बरक़रार

एक्शन स्टार विराज भट्ट स्टारर ‘मर्द तांगेवाला’ बिहार में धमाकेदार ढंग से रिलीज होके सुपर डुपर हिट हो गइल बा. बाली के निर्देशन में बनल एह फिलिम के निर्माता हउवें सूर्यकांत. कहानि बाली के लिखल, पटकथा संवाद मनोज पाण्डेय के, गीत संगीत श्याम देहाती के, कैमरासंचालन जहांगीर सैय्यद के, कला निर्देशक विजय शाह, मारधाड़ इकबाल सुलेमान के आ संपादन गोविंद दुबे के बा.

लीक से हट के बनल एह फिलिम के पूरा परिवार एक संगे बइठ के देखत बा. फिल्म के सफलता से भोजपुरी सिनेमा में विराज भट्ट के रुतबा अउर बढ़ गइल बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment