मुंबई आ बिहार में विक्रांत के धमाल

vikrant-singhसिनेमा भोजपुरी के अभिनेता विक्रांत सिंह के धमाल देखे के मिलत बा मुंबई आ बिहार के सिनेमाघरन में जहाँ साल के आखिरी शूक 28 दिसम्बर का दिने उनकर फिलिम ‘मेहरारू बिना रतिया कईसे कटी’ मुंबई में आ ‘ऐलान-ए-जंग’ बिहार में रिलीज भइल. मेहरारू….जहाँ एगो पुरहर मसाला इंटरटेनर ह, ओहिजे ऐलान-ए-जंग एक्शन, रोमांटिक फिल्म. मेहरारू …. में विक्रांत के लुक रोमांटिक बा त ऐलान-ए-जंग में ऊ दू-दू हाथ करत नजर आइल बाड़े.

दुनु फिलिमन के मजगर सफलता मिलल बा आ दर्शक विक्रांत के काम के तारीफ करत बाड़े.

विक्रांत सिंह के ‘खेल तकदीर के’, ‘बाप’, आ ‘गुलामी’ आजुकाल्हु फ्लोर पर बाड़ी सँ.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।