धोखा खा के धोखा बनावे जा रहल बाड़न अमर सिंह

समाजवादी पार्टी में चौदह साल रह के निमन बाउर अनुबव ले चुकल अमर सिंह अब अपना साथे भइल धोखा पर एगो फिल्म बनावे जा रहल बाड़न जवना के नामो रही धोखा. फिल्म में नायक रहीहें भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ नायिका बनिहन सांसद जयाप्रदा.

फिल्म निर्माण का बारे में एलान अमर सिंह अपना ब्लॉग पर कइले बाड़े आ लिखले बाड़े कि मुख्य किरदार मनोज तिवारी आ जयाप्रदा के सँउपल जाई. मनोज तिवारी के निजी प्रवक्ता शशिकान्त सिंह का मुताबिक एह फिल्म में अमर सिंह अपना राजनैतिक आ निजी दुश्मननो के किरदार शामिल करीहें. अइसने एगो किरदार के नाम रही चालू प्रसाद.

फिल्म का बारे में बतियावत मनोज तिवारी कहलें कि एक बेर जब अमर सिंह जी एह फिल्म के प्रस्ताव दिहलन त ऊ ना ना कह सकलन. मनोज तिवारी कहलें कि फिल्म कमाल के फिल्म होखी आ अमर सिंह जी के भोजपुरी फिल्म निर्माण में आइल भोजपुरी सिनेमा खातिर गौरव के बात होखी.

बतावल जा रहल बा कि एह फिल्म में कई गो दोसरो सितारा लिहल जइहें आ फिल्म जल्दिये सेट पर जाई.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..