Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, बियफे, १३ मई

बथानी टोला नरसंहार में तीन जने के मौत के सजाय

आरा जिला के सहार में बथानी टोला नरसंहार का मामिला में अजय, मनोज आ नरेन्द्र के मौत के सजा सुनावल गइल बा. बाकी बीस गो अपराधियन के उमिरकैद दिहल गइल बा. एह नरसंहार में २१ आदमी के मार दिहल गइल रहे जवना में तीन महीना के बच्ची से ले के ८० साल के बुढ़िया तक शामिल रहे. झगड़ा रणवीर सेना आ माले के बीच के रहे आ मजदूरी के विवाद से बात बढ़ल रहे.

बिल गेट्स बिहार पर बेसी ध्यान दीहें

बिल गेट्स खगड़िया आ बांका जिला के दौरा से लवटि के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से भेंट कइलें. उनकर संस्था बिल एंड मिलिंडा फाउंडेशन बिहार सरकार का साथ एगो समझौता कइले बिया जवना का तहत पटना, बेगूसराय, सहरसा, समस्तीपुर, खगड़िया, पूर्वी चंपारण, आ गोपालगंज में ऊ माता आ शिशुअन का बीच काम करी जबकि बीमारी से लड़े खातिर राज्य के अड़तीसो जिला में काम करी.

कुर्सी के लालच में भाजपा कुछुओ कर सकेले

झारखण्ड में आपन सरकार बनावे का लालच में भाजपा झामुमो के हर उलजुलूल मांग माने के तइयार लउकत बिया. पहिले समर्थन वापसी से पीछे हटल, अब पारा पारी सरकार चलावे बनावे पर सहमत हो गइल बिया. ओने बिहार में डा॰सीपी ठाकुर जवन कमिटि बनवले बाड़े तवना से पार्टी में बगावत के आवाज उठे लागल बा. यूपी में राजनाथ सिंह का विरोध का बावजूद सूर्य प्रताप शाही के राज्य पार्टी के अध्यक्ष बनावल गइल बा.

प्रोफेसर लोग के कालेज में पाँच घंटा रहे के पड़ी

उच्च शिक्षा के गुणवत्ता सुधारे खातिर विश्वविद्यालय अनुदान आयोग के बनावल कमिटी के राय बा कि प्रोफेसर लोग साल में कम से कम १८० दिन हाजिर रहे लोग आ हाजिर वाला दिन कम से कम पाँच घंटा कालेज में मौजूद रहे लोग. अब देखल जाव कि माननीय प्रोफेसर साहब लोग के का राय बा!

बिहार में साढ़े चौंतीस हजार सहायक शिक्षकन के तत्काल नियुक्ति के आदेश

सुप्रीम कोर्ट आदेश दिहले बिया कि बिहार सरकार ३१ अगस्त का पहिले राज्य भर में ३४५०० सहायक शिक्षकन के बहाली कर के ओकरा के सूचित करे. एह सीटन के शिक्षित बीएड उम्मीदवार से भरे के होखी जवना में उमिर के कवनो बन्दिश ना होखी. सरकार के कहनाम रहे कि राज्य में बीएड उम्मीदवारन के बहुते कमी बा. अब शायद यूपीओ के उम्मीदवारन के मौका मिल जाई.

बैंक आ आबकारी विभाग में मुस्लिम काम मत करस

देवबंद के नया फतवा आइल बा कि बैंक आ आबकारी विभाग में नौकरी शरियत का हिसाब से गलत बा आ ओह लोग के जतना जल्द हो सके दोसरा विभाग में नौकरी तलाश कर लेबे के चाहीं. कुछ दिन पहिले ओहिजे के फतवा रहे कि मुसलमान औरत कवनो नौकरी मत करस जहाँ ओह लोग के मरदन का साथे काम करे के पड़त होखे. जबले कवनो मजबूरी ना होखे तबले ओह लोग के नौकरी ना करे के चाहीं.

कारतूस घोटाला में शामिल लोगन के नाम बढ़ले जात बा

सीआरपीएफ के जवानन के मारे खातिर नक्सलियन के सीआरपीएफे का गोदाम से असलहा आ कारतूस मिलल करेला आ एकर सप्लाई करेलें समूहद्रोही आर्मोरर जिनका जिम्मे कारतूस आ असलहा के प्रबंधन के जिम्मेदारी बा. अब फैजाबाद, बलिया, गोरखपुर, बस्ती, आ कानपुरो के आर्मोरर लोगन के संलिप्तता सामने आ रहल बा.

एसएच कपाड़िया मुख्य न्यायाधीश बनलन

काल्हु राष्ट्रपति भवन में सुप्रीम कोर्ट के सबले सीनियर जज न्यायमूर्ती एसएच कपाड़िया के मुख्य न्यायाधीश पद के शपथ दिआवल गइल. कपाड़िया सितम्बर २०१२ ले एह पद पर रहीहन. पदभार ग्रहण कइला का बाद कोर्ट में सुनवाई शुरु करते ऊ मौखिक मेंशनिंग पर रोक लगा दिहलें आ निर्देश दिहलें कि अब से तय व्यवस्था के हिसाबे से मेंशनिंग होखल करी.

सेना में अधिकारियन का कमी से परेशानी

सेना में अधिकारियन के कमी देखत पहिले कर्नल पद से रिटायर होखे वाला लोग के अनुमति दिहल गइल रहे कि ऊ लोग अगर चाहे त दू साल अउरी सेना में कार्यरत रह सकेला. अब ब्रिगेडियरो लोग के एह बात के अनुमति दे दिहल गइल. सेना में अधिकारियन के कमी बा आ नयका नौजवान पैसा के चमक दमक का आगे सेना के नौकरी के भाव नइखन देत.

बीसीसीआई के मंजूर नइखे कि केहू साँच बोलो

महेन्द्र सिहं धोनी पर बीसीसीआई एह चलते नाराज हो गइल बिया कि ऊ कह दिहलें कि आइपीएल का चलते आ ओह दौरान देर रात ले होखे वाला पार्टियन का चलते खिलाड़ी शारीरिक आ मानसिक रुप से थाक गइल रहलें जवना से ऊ विश्वकप में बेहतर ना खेल पवलें. बोर्ड आपन नाराजगी जतावत कहले बा कि धोनी बहानेबाजी मत करस. खराब खेले वाला लोगन का खिलाफ बोर्ड कार्रवाई करे के धमकी दिहले बा.

0 Comments