भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 28वां अधिवेशन के पुरस्कार सूची

भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 28वां अधिवेशन के पुरस्कार सूची
awardee-list-of-abbss28

– विज्ञप्ति का आधार पर

#भोजपुरी-साहित्य-सम्मेलन-2025 #अमनौर #सारण #पुरस्कार # सम्मान

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के अठाइसवाँ अधिवेशन में बहुतेे भोजपुरी विद्वानन के पुरस्कृत करेे केे घोषणा हो गइल बा. सम्मेलन का तरफ सेे सगरी पुरस्कृत विद्वानन से निहोरा कइल गइल बा कि रउरा सभेेे एही घोषणे केे आमन्त्रण मान लीं आ सम्मेलन का अवसर पर उपस्थित रहल सुनिश्चित करीं.

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के महामंत्री प्रो. डॉ जयकांत सिंह जय सभे सेे निहोरा कइले बानीं कि अपना जतरा का बारेे में सम्मेलन के जानकारी भेज दीं.

पिछला हफ्ता 13 अक्टूबर केे बइठक मेें सम्मेेलन के आयोजन समिति एह पुरस्कारन के सर्वसम्मति सेे घोषणा क दिहलसि आ कई एक अखबारन मेें एकर प्रेस विज्ञप्ति अंजोरो हो चुकल बा.

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के 28 वां अधिवेेशन नवम्बर महीना के 29 आ 30 तारीख केे बिहार के सारण जिला के अमनौर में होखे जा रहल बा. एह सम्मेलन में पुरस्कृत होखे वाला महानुभावन केे सूची नीचे दीहल जा रहल बा.

‘चित्रलेखा सम्मान’ (महिला साहित्यकार हेतु) मधुबाला सिन्हा (मोतिहारी ) के.

‘माधव सिंह सम्मान’ ‘(सर्वतोभावेन विशिष्ट सेवा हेतु) प्रो. डाॅ. नंदकिशोर तिवारी(सासाराम), डाॅ.रामजन्म मिश्र ( साहेबगंज , झारखंड ), डाॅ.आद्या प्रसाद द्विवेदी (गोरखपुर), डाॅ.जनार्दन राय (बलिया) अउर डाॅ.सुभाषचंद्र यादव (गोरखपुर) के दीहल जाई.

‘पांडेय जगन्नाथ प्रसाद सिंह पुरस्कार ‘(कहानी/लघुकथा संग्रह/रेखाचित्र हेतु) ‘एक से एकइस’ के लिखनिहार पूनम आनंद (पटना) के.

‘अभय आनंद पुरस्कार’ मीनाधर पाठक (कानपुर , उ० प्र०) के उनुका उपन्यास ‘नीमिया रे करूआइनि’ पर दीहल जाई.

स्फुट कविता /आलोचना पर दीहल जाए वाला आचार्य महेन्द्र शास्त्री पुरस्कार आलोचना पुस्तक ‘पढ़त-लिखत’ ला डाॅ.सुनील कुमार पाठक (सीवान) के.

कविता पर दीहल जाए वाला ‘रामनगीना राय पुरस्कार ‘ डॉ० कमलेश राय (मऊ , उ० प्र०) के उनुका कविता पुस्तक ‘हर समय में हँसे धरती’ ला दीहल जाई.

‘जगन्नाथ सिंह पुरस्कार ‘(विविध/1988 से नाटक हेतु) ‘गाँव के थाती’ केे लिखनिहार राम बहादुर राय (बलिया , उ० प्र०) केे.

भोजपुरी पत्रकारिता ला ‘पांडेय नर्मदेश्वर सहाय पुरस्कार ‘-‘जोहार भोजपुरिया माटी’ के सम्पादक कनक किशोर , (राँची) के अउर ‘भोजपुरिया अमन’ पत्रिका के सम्पादक डाॅ.जनार्दन सिंह (देवरिया , उ० प्र०) के दीहल जाई.

कला हेतु दीहल जाए वाला ‘महंथ लाल दास पुरस्कार’ बलिया निवासी गायक शैलेन्द्र मिश्र अउर अमनौर निवासी लोकगायिका अल्पना मिश्र के दीहल जाई.

‘ब्रजकिशोर दूबे नवोदित गायक/गायिका पुरस्कार ‘ पटना केे कुंदन कुमार केे.

निबंध/शोध ला दीहल जाए वाला ‘हरिशंकर वर्मा पुरस्कार ‘ ‘बात-बात बतकूचन’ के लिखनिहार सौरभ पांडेय (प्रयागराज , उ० प्र०) के.

शोध हेतु ‘चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह पुरस्कार’ ‘भोजपुरी सिनेमा के संसार’ पर दिल्ली निवासी मनोज भावुक केेे.

‘प्रो.बच्चू पांडेय स्मृति पुरस्कार’ ‘भारतीय स्वाधीनता आंदोलन आउर सारण’ पुस्तक के लिखनिहार शिवानुग्रह नारायण सिंह ( छपरा , बिहार) के.

‘डाॅ.चंद्रशेखर सिंह स्मृति पुरस्कार ‘ ‘फेर ना भेंटाई ऊ पचरूखिया’ ला डाॅ.रंजन विकास (पटना) के.

पुरस्कार के जानकारी सार्वजनिक करेे के दायित्व सम्मेलन केे प्रवर समिति के संयोजक भगवती प्रसाद द्विवेदी उठवनी आ बतवनी कि सम्मेलन के अमनौर (सारण, बिहार) में होखेे जा रहल अठाइसवाँ अधिवेशन में ई सगरी पुरस्कार/सम्मान, प्रमाण पत्र , अंगवस्त्र, पुरस्कार-राशि आ स्मृति-चिह्न प्रदान कइल जाई.

सम्मेलन के अध्यक्ष डाॅ.ब्रजभूषण मिश्र, कार्यकारी अध्यक्ष डाॅ.महामाया प्रसाद विनोद, महामंत्री डाॅ.जयकांत सिंह ‘जय’, कोषाध्यक्ष जितेन्द्र कुमार समेत सगरी पदाधिकारी लोग सगरी पुरस्कृत महानुभावन के बधाई दीहले बाड़न.

(आयोजकन का विचार सेे वेबसाइट ना त पत्रकारिता ह ना साहित्य सर्जना आ एही चलते कवनो भोजपुरी वेबसाइट के पुरस्कृृत करेे के योजना नइखे. वइसहूं भोजपुरी वेबसाइट देखबे केे करेला! हँ ओह पर संस्था केे समाचार जरूर आवत रहे के चाहीं आ लिखनिहारन केे रचना अंजोरो होत रहे के चाहीं. वइसेे ई बात विज्ञप्ति मेेंं नइखे दीहल गइल.)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।