– टीम अंजोरिया
#शेयर बाजार #बैंकनिफ्टी #गैपअप #गैपडाउन #भोजपुरी-में-शेयर-चरचा
बैंकनिफ्टी के चरचा सोमार 9 मार्च 2026 खातिर
banknifty-talk-for-monday-9-march
पिछला 3 फरवरी 2026 का दिने बैंकनिफ्टी ‘ना भूतो ना भविष्यति’ कहाए जोग गैपअप का साथे खुलल रहुवे। ओह बारे में चरचा करत हम एगो लेख शेयर बाजार के उछाल पर लिखले रहीं आ ओह लेख में इयाद कइले रहीं कि –
15 अप्रैल 2025 वाला गैप अबहीं ले नइखे भराइल आ साल भर के समय शेयर बाजार ला बहुत पुरान ना होला!

ओह दिन त इहे लागल रहुवे कि शायद ई गैप कबहूं ना भराई काहे कि करीब एगारह महीना पुरान हो गइल ई बाति आ 15 अक्टूबर का बाद जब 16 अक्टूबर 2025 का दिने बैकनिफ्टी खुलल रहे त करीब 822 अंक के गैपअप ले के खुलल रहुवे। हवा के आ बाजार के ई आदत होला कि खाली जगहा देेर-सबेर भराईए जाला। बाकिर चूंकि बात बहुते पुरान हो गइल रहुवे से सभकर धेयान एह बात पर करवले रहीं कि 15 अप्रैल 2025 वाला गैप अबहीं ले भराइल नइखे। हालांकि एह बीच के कुछ अउरिओ गैपअप अबहीं ले भराइल नइखे। एहनी के नाम एहसे ना लिहले रहीं कि ओह लेख में बड़का गैपअपन के चरचा कइल गइल रहुवे।
आ देखीं कि जब ई लेख लिख रहल बानी त काल्हु के बाजार आँखि का सोझा बा। कुछ बढ़िया खबर त बा बाकिर अइसनो नइखे जवना से बाजार में तेजी देखे के मिल जाव। बाकिर बाजार में कुछऊ हो सकेला एह बात के जतना रेघरियावल जाव कमही रही। एह बीच के कुछ बड़का गैपअप भरा चुकल बाड़ी सँ आ बाजार के गिरावट जारी बा। बैंकनिफ्टी के अबहीं तक के सबले बड़का गैपअप 3 फरवरी 2026 के रहुवे आ ओकरा बादो तेजी बरकरार रहला का चलते 9 फरवरी 2026 का दिने एगो अउर गैपअप देखे के मिलल रहल. जवन 2 मार्च 2026 का दिने भरा गइल। ओकरा बादो गिरावट के दौर जारी बा आ 3 फरवरी 2026 वाला ‘ना भूतो ना भविष्यति’ गैपअपो 4 मार्च 2026 का दिने भरा गइल। बाकिर गिरावट के दौर अबहियों चालू बा आ एगो गैपअप जवन अबहीं ले भराइल नइखे ऊ हवे 16 अक्टूबर 2025 वाला। आ ईहो गैप सोमार का दिने भा एकाधे दिन में भरा जाव त अचरज ना होखे के चाहीं।
अब चलत-चलत हमेशा का तरह रेघरियावत चलीं कि हम शेयर बाजार के गुरू, सलाहकार, विश्लेषक कुछऊ ना हईं। बस एगो भुक्तभोगी वणिक भर हईं। पिछला दिने शुक का दिने गिरावट के फायदा उठावे के त मिलल बाकिर हेजिंग खातिर लिहल दुसरका तरफ के सौदा अन्त अन्त ले कटा ना सकल। आ ले दे के कुछ नुकसाने में खड़ा बानी काल्हु ला। काल्हु का करब भा का करे के मौका मिली हम आजु इहो ना बता सकीं। काहे कि जब जइसन तब तइसन कइल हर वणिक के आवे के चाहीं। एक दुनिया उजड़ ही गई है तो क्या, दूसरा जहाँ क्यूं बसाते नहीं?


0 Comments