BEd unemployeds may get employed soon

National Council for Teacher Education has removed the obstacles faced by hundreds of thousand unemployed BEd graduates of UP. It has said that those graduates who have obtained 50% marks in their graduation course and have done BEd will now be eligible for direct employment as primary teachers but they will have to complete their BTC within five years of employment.

उत्तर प्रदेश के लाखो बीएड डिग्री राखेवाला लोग अब सोझे प्राथमिल शिक्षक पद पर बहाल हो सकेले. बहाल भइला का पांच बरिस का भीतर उनका बीटीसी कोर्स कर लेबे के पड़ी. अबही ले नियम रहुवे कि उहे लोग प्राथमिक शिक्षक बनि सकेला जेकरा लगे बीटीसी के प्रणामपत्र होखी. बाकिर एकरा चलते शिक्षक पद के मौजूदा रिक्ति भरे में बरिसन लागि जाई आ तबो शायद पूरा बहाली ना हो पाई. काहे कि बीटीसी करे वाला लोग हर साल बारहे हजार बा जबकि बीएड करे वाला हर साल एक लाख सतरह हजार लोग होला. अब जे लोग बीए भा बीएससी में पचास फीसदी अंक का साथे बीएड होखीहें ऊ लोग जनवरि २०१२ तक प्राथमिक शिक्षक पद पर सीधे बहाली योग्य मानल जइहें.
राष्ट्रीय अध्यापक शिक्षा परिषद के एह फैसला से लाखो बेरोजगार बीएड वालन के बहाली के राह आसान हो गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।