बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के टटका खबर, 3 अगस्त 2025

– अंजोरिया डेस्क

#बिहार-विधानसभा-चुनाव-2025 #तेजस्वी #मुकेश #प्रशान्त किशोर #कांग्रेस #भाजपा #जदयू #राजद

बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के टटका खबर, 3 अगस्त 2025

Bihar Election 2025 news on 3rd Aug 25

दुनिया में भोजपुरी भाषा में पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम अलग अलग मीडिया पर आइल खबरन का आधार पर बिहार विधानसभा चुनाव 2025 से जुड़ल खबर रोज प्रकाशित करे के कोशिश करी.

चउबे गइलें छब्बे बने दूबे बन के अइलें का अन्दाज में चुनाव आयोग के घेरे चलल लालू पुत्र, बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल, आ मौजूदा चुनाव के स्वघोषित मुख्यमंत्री चेहरा तेजस्वी कोशिश त कइलन कि चुनाव आयोग के घेर लीहल जाव. बाकायदा प्रेस वालन के बोला के दावा कइलन कि मतदाता गहन परीक्षण में होखत धांधली के नमूना बा कि उनुकरो नाम काट दीहल गइल बा. आपन एगो पुरान वोटर आइडी, जवना के एपिक नंबर आरएबी 2916120 बतवलन, देखावत तेजस्वी दावा कइलन कि उनुकरो नाम काट दीहल गइल बा. बाद में जब चुनाव आयोग कहलसि कि तेजस्वी के नाम सूची मे शामिल बा. बाकिर इहो कहलसि कि तेजस्वी जवन इपिक देखावत बाड़न तवना के कवनो रिकार्ड नइखे मिलत चुनाव आयोग के. अब भाजपा आ जदयू हमलावर हो गइल बाड़ें आ आयोग से तेजस्वी पर मुकदमा चलावे के मांग कइले बाड़ें. काहें कि उनुका लगे दू गो वोटर कार्ड कइसे आ गइल. अब चुनाव आयोग तेजस्वी से एकर जबाब मंगले बावे. देखल जाव जबाब में तेजस्वी का कहत बाड़न.

कांग्रेस के एगो बड़हन दमदार नेता जे छह बार विधायक रह चुकल बाड़ें आ बिहार कांग्रेस विधायक दल के नेता रह चुकल डॉ अशोक राम आजु अपना समर्थकन का साथे जदयू में शामिल हो गइलन. कहलन कि कांग्रेस में दलित के सम्मान नइखे मिलत. चुनावी मौसम में एने से ओने कूदत बेंगन का दौर में भारतीय जनता पार्टी के अति पिछड़ा मोर्चा के प्रदेश प्रवक्ता सुरेश प्रसाद चौरसिया राजद में शामिल हो गइल बाड़न.

कबो भाजपा के सहयोगी रहल आ एह घरी महागठबंधन के सहयोगी विकासशील इंसान पार्टी के संस्थापक सन आफ मल्लाह का नाम से मशहूर मुकेश सहनी के दावा बा कि भाजपा के कवनो निहोरा ऊ ना सुनिहें काहें कि भाजपा उनुका के धोखा दे चुकल बिया. कहलन कि अगर बीजेपी में हिम्मत बा त बिहार में अकेले चुनाव लड़ के देखा देव. वीआईपी का नाव पर सवार होके चुनावी मझधार पार करे के सपना देखल छोड़ देव. तेजस्वी के आपन छोट भाई बतावत मुकेश सहनी के कहना बा कि महागठबंधन के सगरी घटक दल मिल के नया बिहार बनइहें. मुकेश सहनी के पुरान दावा बा कि अबकी ऊ बिहार के उपमुख्यमंत्री बन के रहीहें.

कबो दोसरा गोलन के चुनाव लड़ावत आ ओहनी के चुनावी रणनीति बनावे वाला प्रशांत कुमार पिछल तीन बरीस से बिहार के पदयात्रा करत धांग दिहले बाड़न. उनुकर दावा बा कि बिहार में अबकी जनता के सरकार बनी. जनता के हनुमान बतावत प्रशांत किशोर अपना के जामवंत बतवलन. जाने जोग बा कि रामायण में बतावल गइल बा कि जामवंत हनुमानजी के उत्साह बढ़ावे खातिर उनुकर ऊ ताकत बतवले रहलन जवना से हनुमानो जी अनजान रहलन. जनसुराज के संयोजक प्रशांत किशोर कहत घूमत बाड़न कि जनता अबकी नरेंद्र मोदी, लालू प्रसाद, भा नीतीश कुमार के चेहरा पर ना अपना बचवन के चेहरा देख के वोट करी.

बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के मतदाता सूची गहन पुनरीक्षण का बाद निर्वाचन आयोग नइकी वोटर लिस्ट के ड्राफ्ट जारी कर दिहले बिया. अगर केहू के एह पर कवनो तरह के आपत्ति होखे त ऊ प्रखंड सह अंचल कार्यालयन आ नगर निकाय के दफ्तरन में शनिचर 2 अगस्त से लगावल जा रहल विशेष कैंप में आपन शिकायत दर्ज करावे. ई कैंप 1 सितंबर ले काम करीहें सँ. ओकरा बादे अंतिम मतदाता सूची प्रकाशित होखी. आयोग के दावा बा कि अबहीं ले कवनो राजनीतिक दल का तरफ से एकहू शिकायत दर्ज नइखे करावल गइल. चुनाव आयोग के विज्ञप्ति नीचे देखल जा सकेला –

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।