बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के टटका खबर, 7 अगस्त 2025

– अंजोरिया डेस्क

#बिहार-विधानसभा-चुनाव-2025 #तेजस्वी #प्रशान्त-किशोर #कांग्रेस #चुनाव-आयोग

बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के टटका खबर, 7 अगस्त 2025

आजु चुनाव आयोग जवन विज्ञप्ति जारी कइले बा ओकरा में बतावल गइल बा कि ड्राफ्ट मतदाता सूची पर अबहीं ले कुल 5015 गो दावा मिलल बा आयोग के. एहमे से सगरी निजी रुप से दर्ज करावल गइल बा. कवनो राजनीतिक गोल का तरफ से कवनो आपत्ति दर्ज नइखे करावल गइल. 27517 लोग 18 बरीस के उमिर वाला हो गइला का बाद आपन नाम मतदाता सूची में दर्ज करावे के आवेदन दिहले बा. एह आवेदनन पर विचार चल रहल बा.

ओने सुप्रीम कोर्ट चुनाव आयोग से कहले बा कि बिहार मतदाता सूची के गहन परीक्षण का बाद जवन 65 लाख नाम हटावल गइल बा ओकर सूची अदालत में जमा करावे आ ओकर एगो प्रति एसोसिएशन आफ डेमोक्रेटिक राइट नाम के संस्थो के मुहैया करा देव.

मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार आ चुनाव आयुक्त द्वय डॉ सुखबीर सिंह संधू आ डॉ विवेक जोशी

तीनो चुनाव आयुक्त आज नयी दिल्ली में निर्वाचन सदन में जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के प्रतिनिधिमण्डल का साथे चरचा कइलन आ ओकर सुझाव सुनलन. जान जाईं कि चुनाव आयोग लगातार अलग अलग दल के प्रतिनिधि मण्डलन का साथे चरचा कर रहल बा. पिछला पाँच महीना में अइसन 4719 बइठक हो चुकल बा. आयोग का खिलाफ रोजे कवनो ना कवनो बयान देबे वाला नेता प्रतिपक्ष राहुल गाँधी बोलावा मिलला का बादो आयोग का सोझा आपन बात कहे नइखन गइल आजु ले.

पिछला दिने आपन नाम सूची में ना होखला के निराधार दावा करे वाला तेजस्वी यादव के चुनाव आयोग दूसरका नोटिस जारी कर के कहले बा कि ऊ आपन अतिरिक्त ईपिक आयोग का लगे जमा करा देसु. आयोग जानल चाहत बा कि तेजस्वी का लगे दू गो ईपिक कइसे आ गइल.

भाकपा- माले के महासचिव दीपंकर भट्टाचार्य काल्हु चुनाव आयोग के दावा पर गंभीर सवाल खड़ा करत कइलें.

तीन दिन पहिले जनसुराज पार्टी के संचालक प्रशांत किशोर सीतामढ़ी में कहलन कि जब महाराष्ट्र में बिहारियन के पीटल जात रहुवे तब देश के गृहमंत्री अमित शाह चुप काहे रहलन? प्रशांत किशोर इहो कहलन कि प्रधानमंत्री नरेंद मोदी, गृहमंत्री अमित शाह अउऱ कांग्रेसी नेता राहुल गांधी बिहार में कबो रात काहे ना गुजारसु. जब ले एहिजा रुकी लोग ना तबले असलियत जानी लोग कइसे?

पिछला कुछ दिन से राजनीतिक गोलन के गोलबंदी कुछ मद्धिम पड़ गइल रहुवे काहे कि झारखण्ड आन्दोलन के अग्रणी नेता शिबू सोरेन आ कई राज्यन में राज्यपाल रह चुकल सत्यपाल मलिक के निधन का चलते शोक मनावल जात रहुवे. एही चलते दू दिन कवनो खबर ना दे पवनी.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।