Bihar will become a developed state soon

Sushil Modi, deputy chief minister of Bihar, said at a public rally of BJP at Mairwa that Bihar will soon be counted amongst developed state of India if NDA was given yet another chance. Whereas if Congress or Lalu-Paswan will it will go backwards.

बिहार के उपमुख्य मंत्री सुशील मोदी मैरवा में आयोजित भाजपा के विजय संकल्प रैली में भाषण देत कहलन कि अगर राजग के एक मौका अउरी मिल गइल त बिहार के गिनती देश के विकसित राज्यन में होखे लागी. बाकिर अगर कहीं लालू पासवान भा कांग्रेस जीत गइल त ई फेर से पिछड़ा राज्यन में गिनाये लागी. कहलन कि राजग शासन में शिक्षकन के नियमित पद पर बहाल कर लिहल गइल बा, त लालू फेर एह नियमित लोग के फेर से नियमित करीहें का ? लालू से सवाल पूछे के कहलन कि लालू बतावस कि अपना सतरह साल का शासन में ऊ बिहार में कतना आ काम कइले ?

मोटर साइकिल भा स्कूटर से साँढ़ भेजावल कम होला का सुशील जी ? आ जतना रुपिया चारा में खिया दिहल गइल ओतना त राजग कई जनमो में ना खिया सकी !

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।