RajaPatti in Gopalganj district may become a block

The people of RajaPatti area of Gopalganj may find a easy way to get their problems solved. Joint Secretary Anil Kumar has asked the district administration to look into the possibility of making Rajapatti a block.

गोपालगंज जिला के राजापट्टी इलाका में रहे वाला लोगन के रोज रोज के परेशानी दूर करे खातिर राजापट्टी के विकासखण्ड बना देबे पर विचार चल रहल बा. जदयू के जिलाध्यक्ष मंजीत सिंह सरकार से कहले रहले कि गण्डक किनारे बसल आठ गो पंचायत के लोग के कवनो जरुरत खातिर २५ किलोमीटर दूर पर बन बैकुण्ठपुर प्रखण्ड कार्यालय आवे के पड़ेला. एह इलाका में घन आबादी रहेला आ प्रखण्ड कार्यालय बन गइला से लोग के सुभीता हो जाई.

0 Comments