बिहार के लोग आपन जमीन आ जान दुनू बचा लीहल

बिहार के लोग आपन जमीन आ जान दुनू बचा लीहल
Biharis saved their lands and life

– टीम अंजोरिया

#बिहार #विधानसभा #चुनाव

बिहार विधानसभा चुनाव 2025 के परिणाम आजु सभका सोझा आ गइल. जब ई लेख लिख रहल बानी तबले सगरी परिणाम सोझा नइखे आइल बाकिर तस्वीर पूृरा साफ हो गइल बा. परिणामन पर चरचा सगरी मीडिया में भरपूर भइल. रउरो सुननी हमहूं सुननी. अब हम कुछ अइसन बात बतावे जा रहल बानी जवना के चरचा हमरा आजु कतहीं सुने के ना मिलल.

एगो पिछला लेख में हम एकर चरचा कर चुकल बानी. आजु फेर ओकरे के आगे बढ़ावे जा रहल बानी.

राति के करीब दस बजे ले जवन परिणाम चुनाव आयोग के आधिकारिक वेबसाइट पर उपलब्ध जानकारी नीचे दे रहल बानी –

दल का नाम विजयी आगे कुल
राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबन्हन NDA
भारतीय जनता पार्टी – बीजेपी – 87 2 89
जनता दल (यूनायटेड) जेडी(यू) 82 3 85
लोक जनशक्ति पार्टी (राम विलास) – एलजेपीआरवी 18 1 19
हिन्दुस्तानी अवाम मोर्चा (सेक्युलर) – एचएएमएस 5 0 5
राष्ट्रीय लोक मोर्चा – RSHTLKM 4 0 4
महागठबन्हन RJD+
राष्ट्रीय जनता दल – आरजेडी 24 1 25
इंडियन नेशनल काँग्रेस – आईएनसी 6 0 6
कम्यूनिष्ट पार्टी ऑफ इंडिया (मार्क्ससिस्ट – लेनिनिस्ट) (लिबरेशन) सीपीआई(एमएल)(एल)- 2 0 2
कम्युनिस्ट पार्टी आफ इंडिया (मार्क्‍ससिस्‍ट) -सीपीआई(एम) 1 0 1
अन्य
ऑल इंडिया मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लिमीन – एआईएमआईएम 5 0 5
इंडियन इंक्लूसिव पार्टी – 0 1 1
बहुजन समाज पार्टी – बीएसपी 0 1 1
कुल 234 9 243

एह परिणाम से ई साफ हो गइल बा कि बिहार में राजग के सरकार बने जा रहल बावे आ महागठबन्हन के सूपड़ा साफ हो गइल बा. एह पर बहुते तरह के चरचा हो रहल बा बाकिर हम बिहार के जनता के धन्यवाद आ बधाई दीहल चाहब कि ऊ लोग आपन जमीन आ जान दुनू बचा लीहल.

अगर तेजस्वी के सरकार बन गइल रहीत त उनुका प्रण का हिसाब से बिहार के हर परिवार के एक बेकत के सरकारी नौकरी दे देतन आ ओह नौकरी का बदले में उहे भइल रहीत जवना तरह का मुकदमा में लालू परिवार आरोपी बना दीहल गइल बा. एह लोग पर आरोप बा कि रेलमंत्री रहत घरी लालू प्रसाद जिनकर जिनकर नौकरी लगववलन ओकरा से जमीन लिखवा लिहलन अपना परिवार के बेकतन का नामे. एह तरह से बिहार के हर परिवार के जमीन लिखवावे के तेजस्वी प्रण के प्राण निकल गइल आ बिहार के लोग अपना परिवार के जमीन बचा लीहल.

आ दोसर बात ई भइल कि राजग के विशाल बहुमत से जीतवा के लोग आपन जानो बचा लीहल. ना त अगर कहीं ई मुकाबला टक्कर के बनल रहीत त आजु बिहार में बवाल हो गइल रहीत. महागठबन्हन के नेता त धिरावते रहलन कि अगर गलत परिणाम आइल त बिहार के नेपाल बांगला देश बना दीहल जाई. बाकिर अतना निकहा से लोग महागठबन्हन के उमीदवारन के झड़ुवा दिहलें तवना का बाद मुँह ना रहि गइल एह लोग के कि परिणाम का खिलाफ बवाल करे के सपनो देख पाइत.

एही चलते हम रउरा सभे के बधाई दीहल चाहत बानी कि चलीं रउरा सभे आपन जमीन आ जान दुनू बचा लीहल!

 

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।