अगर महागठबन्हन के सरकार बन गइल त…
cabinet without ministers
– टीम अंजोरिया
#विधानसभा-चुनाव #बिहार-चुनाव #मंत्रीमण्डल
मथैला चाहेे कतनो रहस्यमय लागल होखेे रउरा बाकिर हम एह ससपेेंस के तुरतेे खतमो कर दिहनी. अगर बिहार में गठबन्हन के सरकार बनल त ओह मंत्रीमण्डल में केेहू मंत्री ना होखी!

अब रउरा कहब कि बिना एकहू मंत्री के मंत्रीमण्डल कइसे बन जाई भला! त कांग्रेस के बड़का नेता जे सोनिया राहुल आ खडगेे केे ठेेगा देखा दीहलन आ ई लोग कुछऊ ना कर सकल ऊ जादूगर अशोक गहलोत पटना में खुला ऐलान कर दीहलन कि अगर महागठबन्हन के सरकार बनल त तेजस्वी मुख्यमंत्री आ सन-ऑफ-मल्लाह मुकेश सहनी उपमुख्यमंत्री बनीहन. आ बाकियो जाति सेे उपमुख्यमंत्री बनावल जाई. हो सकेला कि कुछ लोग के लागत होखी कि मुकेश सहनी के सन-ऑफ-मल्लाह काहेे लिखनी त बता दीहल जरूरी बा कि अंजोरिया पर जब भोजपुरी सिनेमा के खबर छपल करे तब मुकेेश सहनी भोजपुरी सिनेमा में रहलन आ अपना नाम का साथे सन-ऑफ-मल्लाह लिखल करसु आ सभका सेे आग्रह होखे कि उनुका नाम का साथे सन-ऑफ-मल्लाह जरुर जोड़ल जाव.
आजुवे यूट्यूब पर पत्रकार प्रदीप सिंह केे आपका अखबार चैनल पर एगो वीडियो देखनी जवना में ऊ कहले बाड़न कि पता ना कवना कारण से राहुल अब तेेजस्वी का पंजरा नइखन गइल चाहत. बिहार मेें वोट-अधिकार-यात्रा का दौरान त दुनू जने हमेेशा साथे साथ लउकत रहल. कुछ ना कुछ त जरुरेेे भइल होखी जवना चलते राहुल तेजस्वी से हरक गइल बाड़न. बाकिर सभे देखत बा कि तेेजस्वी आ मुकेश सहनी का सोझा कांग्रेस सरेण्डर कर दीहलस. आ कांग्रेस के सरेण्डर मतलब राहुल केे सरेण्डर कहल जा सकेला. आ उनुका के सरेेण्डर करवा दीहलन मुकेेश सहनी जिनका लगे एकहू विधायक नइखेे, जे खुदहू विधायक नइखन बाकिर औकात अतना हो गइल बा कि कांग्रेस के पौने आठ बजे वाली मुद्रा में ले आ दीहलन.
आशा कइल जाव कि अब एगो यादव मुख्यमंत्री का साथे राजपूत, भूमिहार, ब्राह्मण, कायस्थ जाति के होखसु भा ना बाकिर हर पिछड़ा जाति, अतिपिछड़ा जाति, अनुसूचित जाति, मुसलमान, सिख, ईसाई, बौद्ध, जैन समाज सेे उपमुख्यमंत्री जरुर मिल जाई. अबहीं इयाद नइखे आवत बाकिर बरीसन पहिले एगो हिन्दी फिलिम देखले रहनी जवना में खलनायक मुख्यमंत्री का मंत्रीमंडल में सभे उपमुख्यमंत्री बना दीहल गइल रहल. अब बिहारो में ई रीयल लाइफ में देखे के मिल सकी अगर – संजोग सेे ई बहुते बड़हन अगर बा- महागठबन्हन के सरकार बनल तब.
अलग बाति बा कि ना नौ मन तेल होखी ना मुनिया के नाचे पड़ी.
तब ले हर जाति उपजाति केे नेेता आपन आपन कुर्ता सिलवा लेव किरिया धराई के दिन खातिर. आ बिना मंत्री वाला मंत्रीमंडल बनावेे खातिर.

0 Comments