CAT 2013 खातिर पंजीकरण सोमार 5 अगस्त से शुरू

देश के तेरह गो भारतीय प्रबंध संस्थानन समेत अउरीओ बिजनेस स्कूलन में दाखिला खातिर होखे वाला कॉमन एडमिशन टेस्ट (CAT-2013) खातिर नाम दर्ज करावे के काम काल्हु सोमार से शुरू हो जाई. एह बाबत पूरा जानकारी खातिर अधिकृत साइट से लिहल जा सकेला. परीक्षा देश के चालीस गो शहरन में 16 अक्टूबर से 11 नवंबर का बीच लिहल जाई.

कैट पंजीकरण खातिर परीक्षा शुल्क जमा करावे के दू गो विकल्प दिहल बा. या त आनलाइन वाउचर खरीदीं भा एक्सिस बैंक के निर्धारित शाखा से ऑफलाइन खरीदीं. वाउचर 24 सितंबर ले खरीदल जा सकेला.

एह साल एह तेरह गो आइआइएम में 3,335 सीट पर दाखिला लिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।