Category: समाचार

गौतम गंभीर आ मनोज तिवारी का बीच मैदाने पर झगड़ा

काल्हु नई दिल्ली के फिरोजशाह कोटला मैदान पर चलत रणजी ट्राफी के मुकाबला में दिल्ली के कप्तान गौतम गंभीर कोलकाता के कप्तान मनोज तिवारी से अझूरा गइलन आ कहलन कि निकल बाहर आजु साँझ के तोर पिटाई करत बानी. एह दौरान बीच बचाव के कोशिश...

Read More

रिटायर्ड जज के बेटी के अपहरण करे वाला गिरफ्तार

मिर्जापुर के देहात कोतवाली गाँव के रहे वाला एगो न्यायायिक अधिकारी बिहार के दरभंगा में जज रहलन आ रिटायर्ड भइला का बाद अपना पैतृक गाँव में आ के बस गइल रहलन. पिछला 17 तारीख के उनुका निजी गाड़ी के ड्राइवर उनका साथही एहिजा आइल रहुवे...

Read More

शातिर अपराधी के फर‌ार भइला का चलते दरोगा आ पाँच गो सिपाही सस्पेंड

वाराणसी जेल से बरेली जिला जेल ले जाए का दौरान एगो शातिर अपराधी रईस बनारसी बीचे में भाग निकलल. रईस अबहीं ले पकड़ में नइखे आइल आ मामला के जाँच चलत बा. एह बीच ओकरा के ले के जाए वाला दारोगा आ पाँच गो सिपाहियन के सस्पेंड कर दीहल गइल...

Read More

भारत दक्खिन अफ्रीका के एकदिना सीरीज के फैसला आजु

पिछला चार गो एकदिना में से दू दू गो मैच जीत के बरोबरी पर खड़ा भारत आ दक्खिन अफ्रीका के सीरीज के फैसला आजु पाँचवा आ आखिरी एकदिना मैच में होखेवाला बा. मैच मुंबई के वानखेडे स्टेडियम में खेलल जाई जहाँ आजु ले भारत हारल नइखे. हालांकि...

Read More

कार्पेट बांबिंग जइसन चुनाव प्रचार

भाजपा के चुनाव प्रचार ओइसने तरह के हो रहल बा जइसे कि हवाई हमला में कार्पेट बांबिंग करे में कइल जाला. एके साथे कई जगह हमला क के दुश्मन के सम्हरे के मौका मत दीहल जाव. एकरे के कार्पेट बांबिंग कहल जाला. आजु बिहार के तिसरका दौर के...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।