गौतम गंभीर आ मनोज तिवारी का बीच मैदाने पर झगड़ा

काल्हु नई दिल्ली के फिरोजशाह कोटला मैदान पर चलत रणजी ट्राफी के मुकाबला में दिल्ली के कप्तान गौतम गंभीर कोलकाता के कप्तान मनोज तिवारी से अझूरा गइलन आ कहलन कि निकल बाहर आजु साँझ के तोर पिटाई करत बानी. एह दौरान बीच बचाव के कोशिश करे वाला अंपायरो के धक्का दे दिहलन गौतम गंभीर. बाद में गौतम गंभीर पर मैच फीस के सत्तर फीसदी आ मनोज तिवारी पर चालीस फीसदी के जुर्माना लगावल गइल.

0 Comments

Recent Posts