– टीम अंजोरिया
#भउजी-हो #वसंतोत्सव #रंगोत्सव #होली #बतकुच्चन #भोजपुरी
भउजी समुझवली वसन्तोत्सव आ रंगोत्सव के अन्तर – बतकुच्चन -227
diff-between-spring-festival-vs-color-festival

भउजी हो ! वसन्तोत्सव के मंगल कामना करत बानी।
अरे बबुआ! चलीं ढेरे दिन बाद सही, भउजी इयाद त अइली। बाकिर भोरहीं भोरे भाँग चढ़ गइल बा का?
मतलब? बूझनी ना।
अरे बबुआ रउरा त व्रत आ उत्सव पर बतकुच्चन करे वाला हईं, वसन्तोत्सव आ रंगोत्सव के अन्तर कइसे भुला गइनी?
हँ, लागत त बा कि गलती हो गइल बाकिर तनी विस्तार से समुझा दऽ त आगा ला सावधानी राखब।
बबुआ, वसन्तोसव के शुरुआत वसन्तपंचमी का दिन से होला आ होली का दिन ले पाँच दिन मनावल जाला। आजु के रंगोत्सव कहल जाला. बाकिर वसन्तोत्सव कहे के गलती रउरा से होखी एकर उमेद ना रहुवे.
का भउजी, अब कतना लजवइबू! जानत बाड़ू कि आजु सभका के वसंतोत्सव के मंगलकामना ह्वाट्सअप पर कर दिहले बानी। अब प्रतिक्रिया देखे मे डर लागत बा.
अब अतनो डेरइला के जरुरत नइखे। एक त ह्वाट्सअप के संदेश सरसरी निगाहे से देखल जाला. कवनो खास मौका पर त अतना सनेसा आइल रहेला कि बस सभका के खोल के देख भर लेबे ला लोग। आ अगर रउरा के पोस्ट कइल भुलाइल होखी लोग त जबाब में लिख दी – रउरो के! शायद एकाधे लोग होखी जे एह तरफ राउर धेयान ले आई। बस ओह लोग के आभार जता देब आ अगिला बेर से ईयाद राखब कि रंगोत्सव कहिया होला आ वसंतोत्सव कहिया!
ठीक बा भउजी। अब त निकहा से इयाद रही। चलऽ अब तोहार बनावल गुझिया खाईं। बहुते दिन बाद के मौका मिलल बा आ बहुते दिन बाद अइला के माफी चाहब. आ जे सुनत बा ओहू लोग के रंगोत्सव के बधाई दे देत बानी।

0 Comments