भउजी हो ! Easy Solution of Language Disputes
का बबुआ ? बड़ा दिन पर आइल बानी.
का करीं भऊजी. जंगल में मोर नाचल, देखल के ? तोहरो के सुने लोग ना आवे त उत्साह मरे लागेला. जब देखीलें कि अंजोरिया पर आवे वाला लोग का देखे सुने पढ़े आवत बा त देखीलें कि गीत गवनई आ सेक्सी सेक्सी खोजत आवेला.
मुँह के सवाद बिगड़ जाव त नीक खाना के स्वादे ना भावे. दोसरा के सुधारल भा मनावल ना त रउरा बस में बा ना हमरा. से एकर चिन्ता छोड़ीं. आइल बानीं त साफ बा कि कुछ ना कुछ सवाल अइसन बा जवना खातिर रउरा हमार राय जानल चाहत बानी.
ऐ भउजी, मुंबई में रहे वाला मराठी ना बोले-समुझे, तमिलनाडू में रहे वाला के तमिल बोले ना आवे त तूं का कहबू ?
हमरा हिसाब से त ई ओह आदमी के कमी होखी. अरे भाई जहाँ आइल बाड़ऽ ओहिजा के भाषा बोली जानल त जरुरी बा. ना जनबऽ त कमइबऽ कइसे ? रोजी रोजगार कइसे करबऽ ? यूपी बिहार में अगर कवनो दुकानदार के हिन्दी भा स्थानीय भाषा बोले ना आई त ओकर धंधा चली का ? कवनो मजदूर के नौकरी मिली का ?
त तूंहू स्टालिन आ उद्धव राज का तरह एह बात से सहमत बाड़ू कि बाहरी लोगन के पिटाई कइल जाव अगर ऊ लोग तमिल मराठी ना बोल पावे ?
ना. ई त सरासर बेजाँय बात होखी. अरे भाई अगर दुकानदार तोहार बात नइखे बूझ पावत त ओह दूकान पर जा जे तोहरा के समुझ पावे. जब अइसन करे लगबऽ त दूकानदार खुदही तोहार भाषा बोलल शुरु कर दी.
त तोहरा राय में एह भाषाई विवाद के कवनो सहज समाधान बा का ?
एकदम बा. बाकिर तमिलनाडू ला नइखे महाराष्ट्र ला बा.
तमिलनाडू ला काहें नइखे आ महाराष्ट्र ला कइसे बा ?
तमिलनाडू में भाजपा के सरकार नइखे बाकिर महाराष्ट्र बा. अगर महाराष्ट्र सरकार हमार बात मान लेव त साँपो मरा जाई आ लाठियो ना टूटी!
अरे भउजी, का बात कहलू! विस्तार से समुझाव त आज तोहरा के गोलगप्पा खिआवे ले चलब.
महाराष्ट्र सरकार मराठी सिखावे के अभियान चला देव. अपना मराठी कार्यकर्ता के स्वयंसेवक बना के ओकरा के भत्ता दीहल शुरु कर देव कि मराठी सिखावे के शिविर चलावल करे. आ गैर मराठी भाषी के छात्रवृति दीहल शुरु कर देव अगर ऊ एह शिविरन में मराठी सीखे आवे लागसु. दुनू के एह तरह फायदा चहुँपा के भाजपा आपन कार्यकर्ता आ मतदाता दुनू के खुश कर दी. मराठी एह पर खुश होइयें आ गैर मराठियो के खुशी होखे लागी. लाडली बहना से बेसी लोकप्रिय हो जाई ई योजना.
सचहूं भउजी, सुझाव त शानदार बा बाकिर फणनवीस जी के बताईं-समुझाईं कइसे ? ऊ त भोजपुरी बूझिए ना पइहें.
उनुका एक्स अकाउ`ट पर भेज दीं. आजुकाल्हु भोजपुरियो के आ भोजपुरियो में अनुवाद करे लागल बा चैट जीपीटी. कवनो दिक्कत ना होखी.
ठीक बा. त चलऽ तइयार होखऽ गोलगप्पा खिया दीं तोहरा के.
ऐ बबुआ ई गोलगप्पा उधार रहे दीं. आजु कुछ अउर काम में अझूराइल बानी.
कवनो बात ना भउजी बाकिर कैकेयी वाला हाल मत कर दीहऽ.
0 Comments