शेयर बाजार के उछाल पर

शेयर बाजार के उछाल पर

gap-up-openings-in-share-market

– टीम अंजोरिया

#शेयर-बाजार #उछाल #गैपअप # भोजपुरी

पिछलका मंगल 3 फरवरी 2026 का दिने भारत के शेयर बाजार में एगो ना भूतो ना भविष्यति उछाल – गैपअप ओपनिंग – देखे के मिलल. स्वाभाविक रहल कि एह पर कुछ चरचा कर लीहल जाव. पिछला कुछ बरीसन में आइल अइसने बड़हन उछालन के देखल जाव. ओकरा बारे में जानकारी लीहल जाव कि अइसनका उछाल अइला पर का करे के चाहीं.

चूंकि हम हर चरचा वणिकन -ट्रेडर्स – के दृष्टिकोण से करीलें एहसे आजुवो हमार चरचा ओही दृष्टिकोण से होखी. आ वणिकई खातिर भारत में बैंक निफ्टी के आप्शन से बेहतर दोसर कुछ नइखे. एहसे पिछला पाँँच बरीस का दौरान आइल उछालन के डाटा बटोरनी. डाटा त गिरावटो के बटोर लिहले बानी बाकिर आजु उछालने के चरचा करब. काहे कि टटका सवाल उछाले से पैदा भइल बा.

मंगल 3 फरवरी 2026 का दिने आइल बड़हन गैप अप ओपनिंग अब तक के सबले बड़हन उछाल रहल बा. आ एह बड़हन उछाल के पाछे एगो बड़का कारण बजट का बाद आइल बाजार में गिरावटो रहल. जब सभे के लागल कि अब कुछ दिन ला बाजार मंदड़ियन का गिरफ्त में रहे वाला बा त ओही दिने साँझ बीतते अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रम्प एगो बड़का ऐलान कर दिहलन. कहलन कि उनुकर बात भारत के महान प्रधानमंत्री से भइल बा आ उनुके कहला पर अमेरिका में भारत से आइल सामानन पर अब पहिले का मुताबिक बहुते कम टैरिफ लगावल जाई. अब पचास प्रतिशत का जगहा महज अठारह प्रतिशत टैरिफ लगाई अमेरिका. आ ई खबर आवते पता ना कतना लोग के नींद उड़ गइल होखी. बहुते लोग बेच के बइठल रहुवे आ अब अगिला दिने सबेरहीं उनुकर कल्याण होखे के अनेसा बन गइल रहुवे. आ भइबो उहे कइल. तीन जनवरी के जब बाजार खुलल त बैंकनिफ्टी 2792 अंक के उछाल का साथे खुलल. अतना बड़हन उछाल बाजार तबले कबो देखले ना रहुवे आ अतना बड़हन उछाल लोग का सोचो से बाहर रहल.

बाजार खुलल त बड़हन उछाल ले के बाकिर जइसे गरम तवा पर पानी के बूंद पड़ते भाप बनि के उड़ जाला पन्द्रह मिनट का भितरे ई उछाल तेज गिरावट ले लिहलसि. गलती से जे खरीद लिहले होखी ओकर त देह छीला गइल. बाजार बन्द होखे का बेरा 2792 अंक के उछाल घट के महज 982 अंक के रह गइल. संतोष इहे रहल कि पिछला दिन का ऊपर बनल गैप के कुछ हिस्सा बनल रहि गइल.

जानकार बतावेलें कि गैपअप ओपनिंग के बाद अगर बाजार गैप बनवले राखे में कामयाब हो जाला त अधिका संभावना इहे रहेला कि आवे वाला दिनो में ई तेजी के दौर बनल रह सकेला. बाकिर का सचहूं अइसन होखेला?

एहसे जब हम डाटा देखल शुरु कइनी त 1 जनवरी 2021 से लगवले 3 फरवरी 2026 तक के आंकड़ा बटोरनी. आ एह दौरान बैंक निफ्टी के पाँच गो सबसे बड़हन उछाल, अंक आ प्रतिशत दुनो आधार पर कइनी.

अब आगा बढ़े से पहिले ई बता दीहल बहुते जरुरी बा कि हम कवनो तरह से विश्लेषक भा निवेश सलाहकार ना हईं, बस एगो साधारण वणिक हईं जे आपन दिल आ दिमाग दुनो लगावल करेला एह काम में. एहसे एहिजा हम जवने चरचा करब तवना के कवनो तरह से कवनो सलाह मानल राउर बेवकूफी होखी आ हमहूं जानत-मानत बानी कि रउरा बेवकूफ ना हईं. आपन दिमाग आ दोसरा के पइसा सभका अधिके लागेला. हमरो संगे इहे बात होला. हमरो भरम हो जाला कि हमहूं शेयर बाजार पर चरचा कर सकीलें.

पहिला नंबर के बड़का उछाल का बाद अब 03 जून 2024 का दिने बैंक निफ्टी में आइल दुसरका बड़हन उछाल 1905.90 अंक का साथे भइल रहुवे आ ओहू दिने आखिर में उछाल घट ई के ई 865.35 के रहि गइल. आ अगिलके दिने सगरी गैप भरा चुकल रहुवे. अलग बात बा कि ओकरा अगिला दिन से तेजी के दौर शुरु हो गइल रहल.

तीसरका सबसे बड़हन उछाल 10 मार्च 2022 का दिने आइल रहल. एह दिन बैंकनिफ्टी 1338.50 अंकन के उछाल का साथे खुलल आ ओही दिने ई गैप घट के 182.40 के रह गइल. अगिला दिन से हालांकि तेजी के दौर बन गइल आ ई गैप भरे में करीब दू महीना लागल जब 9 मई 2022 का दिने ई गैप भरा गइल.

चउथका बड़हन उछाल 15 अप्रैल 2025 का दिने आइल रहल जब बैंकनिफ्टी 1296.65 अंकन के उछाल का साथे खुलल आ एहू दिन ई गैप घट के मात्र 673.60 के रह गइल रहल. बाकिर सबले खास बात ई कि ई गैप आजु ले नइखे भराइल!

पाँचवा सबसे बड़हन उछाल 12 मई 2025 का दिने भइल रहल जब बैंकनिफ्टी 1063.50 अंकन के उछाल लेके खुलल आ हमेशा का तरह ओहू दिने दिन खतम होखत ई गैप बहुते घट गइल आ मात्र 155.25 के रह गइल. ई वाला गैप भरे में करीब साढ़े तीन महीना लागल आ 3 सितम्बर 2025 का दिने ई गैप भरा गइल.

अंकन का आधार पर विश्लेषण के विसंगति के उदाहरण का रुप में 4 अप्रैल 2022 के लिहल जा सकेला. एह दिन बाजार खुलल त 676.45 अंक के उछाल ले के बाकिर ओकरा बाद के मुनाफा वसूली एकरा के तेज गिरावट में बदल दिहले रहल. प्रतिशत का हिसाब से ई 4% के उछाल रहुवे बाकिर ओह दिन बाजार 1100.30 अंक गिर के 453.85 अंक के गिरावट ले के बन्द भइल रहल.

अब आईं उछाल के प्रतिशत का आंकड़ा का साथे देखल जाव –

प्रतिशतो का आधार पर सबले तेज उछाल 3 फरवरी 2076 वाला रहल. एह दिन 4.76 प्रतिशत के उछाल देखे के मिलल. आ आजु बियफे का दिने बाजार बन्द भइला का बाद ले ई गैप भरा नइखे पाइल.

4% प्रतिशत उछाल वाला 4 अप्रैल 2022 के आँकड़ा एह चरचा में नइखे शामिल काहे कि ओह दिन बाजार गिर के बन्द भइल रहल.

एह चलते दुसरका सबसे तेज उछाल 10 मार्च 2022 के दिन के मानल जाई जब बैंकनिफ्टी 3.96 प्रतिशत (1338.50 अंक) के उछाल का साथे खुलल आ ओकरा बाद आइल मुनाफा वसूली का चलते ई गैप भर के महज 182.40 अंक के रह गइल.

प्रतिशत में तीसरका सबले तेज उछाल 3 जून 2024 का दिेने आइल रहल जब बैंकनिफ्टी 3.89 प्रतिशत (1905.90 अंक) के उछाल का साथे खुलल आ मुनाफा वसूली एह गैप के घटा के 865.35 अंक के बना दिहलसि.

प्रतिशत का आधार पर चउथका सबले तेज उछाल 15 अप्रैल 2025 का दिने आइल रहल जब जब बैंकनिफ्टी 2.54 प्रतिशत (1296.65 अंक) के उछाल का साथे खुलल बाकिर ओही दिने ई घट के महज 673.60 अंक के रह गइल रहल. .

प्रतिशत काआधार पर बैंकनिफ्टी में पांचवा बड़का उछाल 14 अक्टूबर 2022 वाला रहल जहिया 2.13% (822.05 अंक) के उछाल का साथे बैंकनिफ्टी खुलल त बाकिर मुनाफा वसूली एकरा के घटा के मात्र 447.51 अक के बना दिहलसि.

ला लउकल एह आंकड़न में ?

आंंकड़ा रउरो सोझा बा आ रउरो एकरा के नेट पर देख सकीलें. एहसे रउरा आपन राय अपना हिसाब से बनाईं. हम अपना हिसाब से बतियाएब.

हमरा त इहे लागल कि अगर बाजार तेज उछाल का साथे खुले त खरीदे से पहिले रुक जाईं. मुनाफा वसूली करे से सकुचाईं मत. दिन बीतत बीतत रउरा बुझा जाई कि खरीदे जोग बा कि ना. देखबे कइनी कि कइसे चार प्रतिशत के उछाल का बावजूद बाजार गिरावट का साथे बन्द भइल रहल.

दोसरे पिछलका गैप के हमेशा अपना धेयान में राखीं काहें कि बाजारो के ऊ दिन हमेशा इयाद रही आ देर सबेर ऊ एह लकीर के फेरू छूवे के कोशिश जरुर करी. अब ओकरा खातिर कवनो कोविड प्रकरण आवे भा चउथका विश्वयुद्ध!

15 अप्रैल 2025 वाला गैप अबहीं ले नइखे भराइल आ साल भर के समय शेयर बाजार ला बहुत पुरान ना होला!

गिरावट के चरचा फेर कवनो दिने. बस ऊ दिन कवनो तेज गिरावट वाला मत होखो!

आ चलत चलत एगो सफाई अउर. ई लेख लिखेला कवनो तरह के कृत्रिम बुद्धिमता के उपयोग नइखे कइल गइल. जवन कुछ बा तवन मानवी बुद्धि से लिखाइल आ रउरो मानब कि मानवी बुद्धि के एगो सीमा होला.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।