Govt asks Kendriya Vidyalayas to form Student Councils

Central govt has directed all the Kendriya Vidyalayas to constitute a Studen Council on the pattern of Student Unions sso that leadership character develops among the students.

नयकी पीढ़ी में नेतृत्व के गुण विकसित करावे खातिर केन्द्र सरकार देश के ९८१ केन्द्रीय विद्यालयन के निर्देश भेजले बिया कि १५ सितम्बबर से पहिले हर विद्यालय में एगो छात्र परिषद के गठन करा लिहल जाव. एह परिषद में एगो बालक आ एगो बालिका कैप्टन रहीहें. कुल मिला के परिषद में अधिक से अधिक ६२ गो सदस्य हो पइहें.

एह निर्देश में कहल गइल बा कि परिषद का गठन हो गइला से विद्यार्थी आपन समस्या सही तरीका से विद्यालय प्रशासन का सामने रख सकीहे, विद्यार्थियन में नेतृत्व क्षमता के विकास होखी, आ विद्यालय के संचालन में विद्यार्थियनो के भागीदारी हो पाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *