हरियर से पीयर, पीयर सेे भगवा

हरियर से पीयर, पीयर सेे भगवा

#तेजप्रताप-यादव #महुआ-विधानसभा-क्षेत्र

हरियर से पीयर, पीयर सेे भगवा ?
green-to-yellow-to-orange

चारा चोर का नाम सेे जानल जाए वाला सजायाफ्ता मुजरिम आ बिहार केे मुख्यमत्री रहल लालू केे बड़का बेेटा तेजप्रताप यादव बगावत केे झंडा उठा लिहलेे बाड़न. वंशवादी परिवार केे रीतिनीति का उलट बड़का बेेटा तेेजप्रताप का बदले छोटका बेेटा तेेजस्वी यादव केे आपन गद्दी सउँप दिहलेे बाड़न लालू प्रसाद. विधर्मी से बिआह करेे वाला बेेटा तेेजस्वी से उनुका कवनो शिकायत ना भइल बाकिर एगो यादव लड़िकी सेे प्यार करेे खातिर गुनाहगार मान लिहलन तेेजप्रताप केे आ उनुका केे अपना परिवार आ दल सेे बेदखल कर दीहलन. हो सकेला कि एगो यादवेे पतोह सेे तलाक के मामला सलटे सेे पहिलहीं दोसर बिआह के पृष्ठभूमि बनावल पसन्द ना आइल लालू के. काहेे कि तेेजप्रताप केे बिआह एगो प्रतिष्ठित यादव नेेेेेता चन्द्रिका यादव के बेेटी सेे भइल रहल. ई बिआह कुछ कारणन सेे चल ना पावल आ अब तलाक केे मुकदमा न्यायालय में विचाराधीन बा.

अब तेेजप्रताप बगावत केे झंडा लेे केे उठ पड़ल बाड़न. पहिले त कोशिश कइलन कि राजद उनुका केे आ उनुका कुछ साथियन के विधायकी केे टिकट दे देव. बाकिर जब तय हो गइल कि तेजस्वी उनुका के एको इंच देबे ला तइयार नइखन त तेजप्रताप अब आपन “टीम तेजप्रताप” बना केे महुआ सेे विधायकी के चुनाव लड़े के एलान कर दीहलन. आ करत घरी ऊ राजद केे ट्रेटमार्क हरियर टोपी छोड़ पीयर टोपी में नजर अइलन. सवाल उठे लागल बा कि हरियर सेे पीयर हो गइल ई टोपी का आगे चल के नारंगी हो जाई. सवाल एह चलतेे दमदार लागत बा कि भाजपा खातिर कुछऊ असंभव नइखे आ ऊ कब आ केकरा के भाजपा मेेें शामिल करा दी केहू ना बता सके. अगर प्रियको चाहसु त हो सकेेला कि भाजपा उनुको के जगहा दे देव. खैर आजु विषयान्तर ना करि केे तेजे प्रताप का मसला पर टिकला के जरुरत बा.

महुआ सेे विधायक रह चुकल तेजप्रताप फेर एक बेर महुअे सेे आपन किस्मत आजमावल चाहत बाड़न. अपना “टीम तेजप्रताप” का बारेे मेें तेजप्रताप के कहना बा कि ई कवनो राजनीतिक गोल ना हो केे एगो खुला मंच हवे जवना सेे हर कोई जुड़ सकेला. चुनाव वाद का हालात का बारे मेें तेेजप्रताप कहलन कि सरकार केहू के बने, अगर ऊ नवही बेरोजगारन के बात करी, शिक्षा आ स्वाेस्थ्य के बात करी त तेज प्रताप यादव पूरा ताकत से ओकर साथ दिहें.

पिछला दिनेे विधानसभा में भइल विवाद का बारेे मेें तेेजप्रताप कहलन कि सम्राट चौधरी उनुका माई बहीन के गारी दीहलन आ ऊ अगर ओहिजा रहतन त सम्राट केे बोखार छोड़ा देतन.

एही बीच तेज प्रताप आपन एक्स प्रोफाइल बदल केे अपना बहीनन आ राजद के अनफालो कर दिहलेे बाड़न. हालांकि लालू यादव, राबड़ी देवी, आ तेजस्वी यादव समेत कुछ लोगन के अबहियों फॉलो करत बाड़न. शायद एकरा सहारेे ऊ एह लोग के ट्वीट पर आसानी सेे निगरानी कर सकिहें.

 

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।