कैरिबयाई देशन से आपन नाता मजगर करी भारत

India to improve ties with Trinidad-Tobago

PM Modi with PM Kamla Pd-Bisesar

भोजपुरिहा मूल के लोगन से आबाद देशन में शामिल त्रिनिदाद आ टोबैगो के अपना यात्रा पर भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी त्रिनिदाद-टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद-बिसेसर का साथे मुलाकात का बाद कहलन कि दुनू देश जलवायु परिवर्तन, आपदा प्रबंधन, अउर साइबर सुरक्षा क्षेत्र के समसामयिक चुनौतियन से निपटे ला एक दोसरा से सहजोग करीहें आ आपसी समुझदारी के अउर बेहतर बनावे का राहे बढ़ीहें.

दुनू देशन के पीएम के बातचीत का बाद फार्मा, ऊर्जा , संस्कृति, अउर खेल आदि क्षेत्रन में सहजोग बढावे वाला छह गो समझौतन पर हस्ताक्षर कइल गइल. दुनू देश एहू ला आपन प्रतिबद्धता जतवलें कि सगरी तरह के आतंकवाद से लड़े में कवनो कोर कसर ना छोड़ल जाई.

त्रिनिदाद आ टोबैगो में भारतीय मूल के लोगन के छठवीं पुश्त के ओसीआई कार्ड के पेशकश आ अउरिओ कई गो घोषणा कइल गइल. प्रधानमंत्री मोदी प्रधानमंत्री कमला प्रसाद-बिसेसर के भारत आवे के नेवता दीहलें जवना के ऊ खुशी खुशी सकार लिहली.

जानेजोग बा कि कैरीकॉम भा कैरीबियाई समुदाय आ साझा बाजार 20 गो कैरीबियाई देशन के क्षेत्रीय संगठन हवे. एकर 4 जुलाई 1973 का दिने भइल रहल आ एकर मुख्यालय जॉर्जटाउन गुयाना में बावे.

एह यात्रा का बाद प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी एक्स पर एगो पोस्ट क के दुनू देशन के अनमोल सांस्कृतिक जुड़ाव के जिक्र कइले बाड़न –

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।