भाषा हऽ कि विषबेल हऽ भाई?

✍️ – रामसागर सिंह

#language_dispute #भाषा #विषबेल

भाषा हऽ कि विषबेल हऽ भाई?

मारा-पिटी, गारा गारी,
नफ़रत वाला खेल हऽ भाई,
करत बाड़ऽ जवने खातिर,
भाषा हऽ कि विषबेल हऽ भाई?

बरियारी बोलवावे चललऽ,
झुठो शान देखावे चललऽ,
जवना पर केहु चढ़ते नईखे,
बोलऽ कइसन रेल हऽ भाई,
करत बाड़ऽ जवने खातिर,
भाषा हऽ कि विषबेल हऽ भाई?

कबले अइसन इरखा चली,
शेर बनेलऽ अपने गली,
पानी पर जवन पसरत नईखे,
देखऽ कइसन तेल हऽ भाई,
करत बाड़ऽ जवने खातिर,
भाषा हऽ कि विषबेल हऽ भाई?

बेंचले माल बिकाते नईखे,
पनियो के संगे घोंटाते नईखे,
अब तऽ एगो बात बता दऽ
लागल कइसन सेल हऽ भाई,
करत बाड़ऽ जवने खातिर,
भाषा हऽ कि विषबेल हऽ भाई?

गजब के इ मेहमानी बाटे,
गिरल आँख के पानी बाटे,
डर डर के जहवाँ आदमी जिये,
रामसागर लागे जेल हऽ भाई,
करत बाड़ऽ जवने खातिर
भाषा हऽ कि विषबेल हऽ भाई?


– रामसागर सिंह, सिवान, बिहार

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।