Lipstick game puts Rurki IIT administration in trouble.


हाय रे ओठ लाली !

रुड़की के आई आई टी में बियफे का दिने कमाल हो गइल. लड़िका अपना होँठ से लिपस्टक धइले रहन सँ आ सामने खाड़ लड़की का होंठ पर लिपस्टिक के लाली पोतत रहले सँ. संतोष अतने भर के कइल जा सकेला कि लड़की से कवनो जोर जबरदस्ती का तरह ई काम ना होत रहुवे. एह खेल में लड़कियो बराबर के भागीदार रहली सँ. बाकिर मीडिया एह बाति के उछाल मरलसि आ फेर संस्कृति के पहरुआ लाठी ले के एह घटना के दोषियन का पाछा पड़ल बाड़े.

कॉलेज प्रशासन एह सिलसिला में ओह कार्यक्रम के आयोजन समिति के पाँच गो सदस्यन के हटा दिहले बा. एह कार्यक्रम में विद्यार्थी अपना मरजी के कार्यक्रम करेले. कुछ बात पहिले से तय रहेला कुछ अचके में कर लिहल जाले. लिपस्टिक वाला इहो खेल खेले खेल में कर डालल गइल.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।