मुस्लिम हॉस्टल इस्तीफा आ सूफी गाना

– टीम अंजोरिया

#एक्सप्रेशन #x.com #मुस्लिम-हॉस्टल

मुस्लिम हॉस्टल इस्तीफा आ सूफी गाना

MUSLIM HOSTEL, JUDGE RESIGNS, AND SUFI SONG

पिछला 8 अप्रैल का दिने उत्तर प्रदेश पुलिस अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के सर जियाउद्दीन हॉल मे छापा मार के पांच गो पिस्तौल के कारतूस, खाली कारतूस, शॉटगन कारतूस, आठ गो फोन, एगो लैपटॉप, बहुते तरह के फर्जी सर्टिफिकेट्स, आ जाली करेंसी बरामद कइलसि। मुख्य संदिग्द्ध शेवाज उर्फ शाहवाज फरार बतावल जात बा.

इलाहाबाद उच्च न्यायालय में पदस्थ जज यशवन्त वर्मा आखिरकार 9 अप्रैल 2026 के आपन त्यागपत्र दे दिहलन। एकरा पीछे कवनो नैतिक कारण ना होके आपन पेंशन आ परवर्ती लाभ बचवले राखे के कोशिश बावे। इनका पर संसद में महाभियोग पर जाॅच चल रहल बा। अगर महाभियोग से जइहन त कुछऊ ना भेंटाई। एह महान जज का आवास से बोरा भरल नोट जरल हालत में मिलल रहुवे बाकिर ना त नोट जब्त भइल ना इनका पर कवनो प्राथमिकी दर्ज भइल काहे कि ई जज रहलन दिल्ली उच्च न्यायालय के। आ जजन का खिलाफ मुकदमा ना हो सके।

शिवलिंग पर कंडोम चढ़ावल फोटो साल 2015 में ट्वीटर पर सायोनी घोष के अकाउन्ट पर जारी भइल रहल। बाद में सायोनी कहली कि उनकर ट्वीटर हैक क के ई पोस्ट डालल गइल रहुवे. उहे तृणमूल सांसद सायोनी घोष अब फेरू चरचा मे‌ं आ गइल बाड़ी। अबकी अपना इस्लाम से मुहब्बत खातिर। पिछला दिने असम विधानसभा चुनाव में मांडिया सीट से चुनाव लड़त तृणमूल उम्मीदवार सरमन अली अहमद खातिर प्रचार करत सायोनी एगो सूफी गीत सुनवली। एकरा बाद एक्सप्रेशन पर तरह एह बारे में ढेरे पोस्ट आ गइल जवना में इनका सुभाव के आलोचना करे लागल लोग कि हिन्दू देवता ला अपमान आ मुस्लिम तुष्टीकरण के स्वागत।

वइसे त खबरन ला बहुते माध्यम बा जानकारी खातिर बाकिर कुछ खबर खबर बन जालें खास कर के तब जब ऊ एक्सप्रेशन (पुरनका ट्वीटर) पर ट्रेंडिंग हो जालें। ई सब खबर या त हिन्दी में होला भा अंगरेजी में। हमार कोशिश रही कि एही में कुछ खबरन के अंजोरिया पर अंजोर करत रहीं भोजपुरी में। भोजपुरी के बड़का विद्वान लोग आपन लिखलका भेजी ना, सिनेमा आ गीत-गवनई के प्रचार प्रतिनिधि आपन सामग्री भेजीहें ना, आ हम रोज रोज कुछ नया रचना लिख ना सकीं काहें कि ऊ हमरा औकात के बाहर बा। समाचार एजेन्सियन के सेवा ले ना सकीं त इहे उपाय बाॅचत बा कि एक्सप्रेशने के आपन जरिया बना लीं।

एह तरह के प्रयास पर राउर राय का बा? जानत बानी कि रउरा बताएब ना बाकिर हमहूं कहला से बाज ना आएब.

0 Comments

Submit a Comment

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..