Nitish invites Naxals for table talk

Chief Minister of Bihar Nitish Kumar called an all party meet where it was decided to call Naxals for table talks. Nitish has promised them total security during talks and freedom to return to their bases unhindered. Naxals have not released as yet the three captive policemen still in their custody.

लात के देवता बाति से ना मानस, एह सूक्त वाक्य के बिसरावत बिहार के मुख्यमंत्री नक्सलियन के बतियावे के नेवता दिहले बाड़न. कहले बाड़न कि जे लोग बात करे आई ओकरा के पूरा सुरक्षा दिहल जाई आ ऊ लोग वापिस सुरक्षित लवट सकी. पुलिस एह दौरान ओह लोग के कुछ ना करी. टेलीफोन से बतियावे का सवाल पर नीतीश कहलन कि केकरा से बतियावल जाव ? ओह आदमी से त नाहिये बात करब जे कहलसि कि अभय यादव के मारल गइल बा जबकि लाश दोसरा बन्धक के मिलल.

नक्सली बाति करे योग्य ना हउवन. ऊ बस एके गो भाषा जानेले बन्दूक के. ओकरे नाल से जतना बढ़िया बात सरकार कर सको करे के चाहीं. बाकिर करेजा ना कूवत बगइचा में डेरा डाले वाला लोग के का कहल जाव. जेकरा ई गलतफहमी बा कि नक्सलियन के बाति से समुझावल जा सकेला ओकरा से बुड़बक केहू ना होई. होखे के त ई चाही कि जवना साथी के रिहाई के माँग करे खातिर ऊ सिपाहियन के बन्धक बनवले बाड़न ओह नक्सलियन के लाश सँउप दिहल जाव. एह मामिला में दुनिया के मानवतावादी विचार कूड़ा पर फेंके लायक होला. कबो कवनो मानवतावादी निर्दोष आदमियन के हत्या का खिलाफ कुछ ना बोलस बाकिर अगर केहू ओह हत्यारन के मार देव त सगरी भूंके लगीहे स. ठीक ओहि तरह जे तरह सेकूलर मीडिया हिन्दूत्व से जुड़ल हर बाति के खिलाफ कुकुरहट कइले रहेला.

0 Comments