Delhi University elects saffron representatives

Giving a fitting reply to the secular attack on nationalist sentiments be labelling them as saffron terrorism the student community of Delhi University has chosen saffron representatives for their students union.

ABVP, the affiliate organisation of RSS, has won President, Vice President, and Secretary posts while NSUI, the student wing of Congress party, could win only Jt.Secretary post and that too with a wafer thin margin. ABVP is not a student wing of BJP as the secular media mistakenly labels it.

सतरह साल बाद दिल्ली विश्चविद्यालय छात्र संघ के चार गो में से तीन खास पद पर विद्यार्थी परिषद के उम्मीदवार एनएसयूआई के उम्मीदवारन के पराजित कर के जीत गइले. अध्यक्ष पद पर जीतेन्द्र चौधरी, उपाध्यक्ष पद पर प्रिया डबास, आ सचिव पद पर नीतू डबास जीतल बाड़ी. एनएसयूआई के बस एक पद संयुक्त सचिव पर जीत मिलल आ उहो बहुत कम मत का अंतर से. जबकि बाकी पद पर विद्यार्थी परिषद के उम्मीदवार बड़हन अन्तर से जीतल बाड़े.

विद्यार्थी परिषद एह जीत के केन्द्र आ दिल्ली सरकार के गलत नीतियन का खिलाफ विद्यार्थियन के रोष बतवले बा. विद्यार्थी परिषद राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ के अनुसांगिक संगठन ह जबकि एनएसयूआई कांग्रेस के छात्र शाखा. विद्यार्थी परिषद के कवनो राजनीतिक दल से संबंध नइखे. मीडिया के कुछ लोग गलतफहमी में एकरा के भाजपा के छात्र संगठन बता देले जबकि भाजपो संघ के अनुसांगिक संगठन ह आ विद्यार्थी परिषद पर ओकर कवनो नियन्त्रण नइखे.

0 Comments