Pay more than tripled but Lalu Mulayam hungry for more

Union cabinet has finalised the bill increasing more than three times the salary of MPs and doubling the allowances. Despite this hefty increase Lalu Prasad, and Mulayam Singh Yadav were in the forefront demanding more pay in the parliament and disrupting the proceedings.

सांसदन के मिले वाला महीना पन्द्रह हजार रुपिया से बढ़ा के पचास हजार रुपिया कर दिहला का बादो लालू प्रसाद आ मुलायम सिंह यादव आजु लोकसभा के कार्यवाही ना चले दिहले. ओह लोग के माँग बा कि तनखाह बढ़ा के अस्सी हजार से ऊपर काहे ना कइल गइल. ऊ लोग के एह बाति से शर्मिन्दगी महसूस हो रहल बा कि सरकार के सचिवन के तनखाह ओह लोग से ऊपर बा.

सोनिया गाँधी के कहना बा कि एहमें कवन बाति बा. जब राजीव जी पायलट रहले त उनकर तनखाह इन्दिरा जी से बेसी रहुवे त का इन्दिरा जी के मान सम्मान घटल रहुवे. अब एह लोग के के बतावे कि इज्जत तनखाह देख के ना मिलेला सुभाव आ वयवहार देख के मिलेला. जवन एह लोग के व्यवहार बा तवना से त भर जिनिगी एहलोग के इज्जत ना मिल पाई भलही ई लोग पूरा देश के चारा बना के चबा जाव.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *