भोजपुरी भाषा साहित्य से स्नातकोत्तर

बीआर अम्बेडकर बिहार विश्वविद्यालय, मुजफ्फरपुर (बिहार) के लंगट सिह महाविद्यालय से भोजपुरी भाषा साहित्य से स्नातकोत्तर (M.A.) करे के इच्छुक विद्यार्थी खातिर विश्वविद्यालय के नामांकन (Admission portal) पोर्टल 22 दिसम्बर 2025 से खुल गइल बा.

विश्वविद्यालय के साइट पर जा के एडमिशन वाला कॉलम में आपन पूरा विवरण आवेदन शुल्क सहित ऑनलाइन डाले के बा आ ओकर प्रिंट निकाल लेबे के बा.

स्नातकोत्तर में प्रवेश खातिर जरुरी अर्हता बा कि आवेदक भोजपुरी का अलावा कवनो दोसरा विषय से स्नातक प्रतिष्ठा (बीए ऑनर्स) कर लिहले होखे. निर्धारित तारीख 10 जनवरी ले पोर्टल खुलल रही.

जाने जोग बा कि जबसे दसवीं आ बारहवीं स्तर के उच्च विद्यालयन में शिक्षक आ प्राध्यापक के पद सृजित भइल बा आ सरकारी नियुक्ति के व्यवस्था बन गइल बा तब से भोजपुरी से एमए करे वालन के गिनिती बहुते बढ़ गइल. लोक गायन, नाटक, आ सिनेमो का क्षेत्र में आपन कार्यक्षेत्र बनावे के इच्छुक लोगो अब भोजपुरी से बीए एमए करे लागल बाड़ें.

लंगट सिंह महाविद्यालय में भोजपुरी भाषा साहित्य में एम ए करे खातिर मात्र 24 (चौबीस) गो सीट बा एह से आवेदक का जल्दी से आवेदन कर देबे के चाहीं.

बहुत खोजला का बाद ऊपर दीहल लिंक मिलल ह। बाकिर ई लिंक कतना सही बा ई त रउरे सभे बता सकीलें।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।