अमनौर भोजपुरिया राजनीति सम्मेलन
Politics or Literature in Amnaur Bhojpuri Sammelan
– टीम अंजोरिया
#भोजपुरी #सम्मेलन #अमनौर #अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन
बिहार के सारण जिला के अमनौर में काल्हु शुक का साँझ से शुरु अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन में राजनीतिक दखल देख के ओहिजा के लोग परेशान बा. लोगन के कहना बा कि पता ना ई भोजपुरी साहित्य सम्मेलन ह कि भोजपुरी राजनीति सम्मेलन. जेने देखीं तेनिए भाजपा नेतन के बड़हन बड़हन फोटो लागल बा. देख के इहे लागत बा कि भाजपा के कवनो सम्मेलन होखे जा रहल बा. साहित्यकारन के उपेक्षा देख के समुझल मुश्किल बा कि देश आ राज्य का राजनीति में पिछला एगारह साल से काबिज भाजपा भोजपुरी खातिर कुछ काहे ना कइलसि? अगर चहले रहीत त धारा 370 हटावे जइसन बड़हन काम करे वाली भाजपा बहुते आसानी से भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दे सकत रहुवे. बाकिर थोथ गलथेथरई छोड़ के कुछ ना कइलसि ई सरकार. हर चुनाव में भाजपा का तरफ से भोजपुरी के मान्यता के वादा क दीह जाला आ चुनाव जीतला का बाद मुद्दा गताल खाते चलि जाले.
अबहीं ले जवन जानकारी सार्वजिनक मीडिया आ चैनलन से मिल रहल बा तवना में कवनो साहित्यकार के नाम प्रमुखता से नइखे देखावल जात. इहाँ ले सम्मेलन के महासचिव प्रोफेसर जयकान्त सिंह ‘जय’ के नामो गायब बा समाचारन का सुर्खियन से. हँ मनोज तिवारी, निरहुआ, कल्पना पटवारी, अक्षरा सिंह के नाम जरुर जोर जोर से उछालल जा रहल बा. एकरा पाछा के सोच इहे बा कि एह लोग का नाम पर बड़हन भीड़ जुटी आ तब भाजपा नेता आपन आपन भाषण सुना के वाहवाही बटोरिहें. वइसे कवनो भोजपुरी प्रेमी के एह पर शिकायत ना होखीत बशर्ते इहे भाजपा नेता अगर भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता के दिशाईं कुछ ठोस काम करे के कोशिश कइले रहतन.

दुनिया में भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम – anjoria.com – का लगे ना त संसाधन बा तन्त्र कि एह सम्मेलन के समाचार जुटा सको, रउरा सभे के दे सको. सम्मेलन का तरफ से कवनो समाचार नइखे मिलत बाकिर मीडिया पर जवन मिलत बा तवना के एगो बानगी रउरो सुन लीं .
अमनौर हाइस्कूल के मैदान में तीन दिन चले वाला 28वां अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के शुरुआत काल्हु शुक का साँझ कवि सम्मेलन से कइल गइल. आजु शनिचर का दिने सम्मेलन के औपचारिक उद्घाटन बिहार के उप मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी करिहें. एह बात के जानकारी सम्मेलन समिति के अध्यक्ष आ विधान पार्षद संजय प्रकाश मयूख एगो प्रेसवार्ता में दिहले बाड़न.

0 Comments