भोजपुरी सम्मेलन में मनोज भावुक सम्मानित
-

भोजपुरी सम्मेलन में मनोज भावुक सम्मानित
Manoj Bhawuk honored in Bhojpuri Sammelan

– टीम अंजोरिया

#भोजपुरी #सम्मेलन #मनोज-भावुक #पुरस्कार

सारण जिला के अमनौर हाई स्कूल प्रांगण में चल रहल अ.भा.भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के पहिलका दिने आजु भोजपुरी के जानल मानल साहित्यकार मनोज भावुक के उनुकर लिखल किताब ‘भोजपुरी सिनेमा के संसार’ पर ‘चौधरी कन्हैया सिंह पुरस्कार’ से सम्मानित कइल गइल. बिहार सरकार के पर्यटन आ कला-संस्कृति मंत्री अरुण शंकर प्रसाद का हाथे मनोज भावुक के पुरस्कृत कइल गइल.

मनोज भावुक के लिखल किताब ‘भोजपुरी सिनेमा के संसार’ भोजपुरी सिनेमा के इतिहास पर भोजपुरी भाषा में पहिलका किताब हवे. एह किताब के प्रकाशन दिल्ली के मैथिली-भोजपुरी अकादमी प्रकाशित कइले बिया. एह किताब में बरीस 1931 से लगवले हाल फिलहाल तक के भोजपुरी सिनेमा के सफर पर नजर डालल गइल बा.

अफ्रीका आ इंग्लैंड में इंजीनियर रहल मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा आ भोजपुरी साहित्य के बीच के एकमात्र मजबूत कड़ी बन गइल बाड़न. मनोज भावुक के गजल संग्रह तस्वीर जिन्दगी के दुनिया में भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट अंजोरिया anjoria.com पर सबसे पहिले अंजोर करे के सौभाग्य मिलल रहे.

इहो बाति रेघरिआवे जोग बा कि मनोज भावुक सिर्फ भोजपुरी सिनेमा के इतिहासकारे ना बलुक भोजपुरी फिलिमन के प्रतिष्ठित गीतकारो रहल बाड़न. भावुक के लिखल गाना ‘तोर बउरहवा रे माई’ से फिल्मी गीत लिखे में लोकप्रिय भइल मनोज भावुक के एगो फिलिम ‘आपन कहाये वाला के बा’ रिलीज भइल बा. एह फिलिम के सगरी गीत मनोज भावुक लिखले बाड़न. एह गीतन के पूरा परिवार एक साथे बइठ के आनन्द ले सकेला. कहे वाला कहेलें कि भोजपुरी के संस्कार अउर ओकरा शब्दावली का साथे जइसन कारीगरी मनोज भावुक करेलें ऊ उनुका के आजु के दौर के प्रतिष्ठित भोजपुरी कवि बना देला.

बतावत चलीं कि आजु सम्मेलन के उद्घाटन बिहार के उप मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी कइलन आ एह मौका पर पथ निर्माण नगर विकास मंत्री नितीन नवीन, सांसद मनोज तिवारी, फिल्म अभिनेत्री अक्षरा सिंह, कल्पना पटवारी, श्रम संसाघन मंत्री संजय सिंह टाइगर समेत देश-विदेश के अनेके लिखनिहार, कलाकार, पत्रकार, आ आन्दोलकारी मौजूद रहलें.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..