Rahul dreams a Congress ruled Bihar

Starting the election campaign of Congress its general secretary Rahul Gandhi said that it is a false propaganda that Bihar is developing. He said that large number of Bihari labors in other parts in the country belied the claims by Nitish Kumar.

बिहार के सहरसा से कांग्रेस के चुनाव अभियान के शुरुआत करत कांग्रेस के महासचिव राहुल गाँधी कहले कि बिहार के विकास के झूठे ढिंढोरा पिटात बा. देश का दोसरा हिस्सा में रोजी रोटि का तलाश में जाये वाला बिहारियन के बड़हन संख्या खुदे एह बात के साबित करत बा. कहलन कि केन्द्र सरकार से मिले वाला धन बिहार सही से खरच नइखे पावत आ गरीबन तक ऊ धन नइके चहुँपत.

राहुल के पूरा भरोसा बा कि लोग के याददाश्त बहुते कमजोर होला. ऊ लोग भुला गइल होखी के आजादी का बाद से चालिसन साल ले कांग्रेस के शासन रहे आ हालही में बिहार के चारा घोटाला वाला मुख्यमंत्री के कांग्रेस के पूरा समर्थन रहुवे. देश के कवनो राज्य जवन कांग्रेस शासित होखो आ बढ़िया से चलत होखो ओकरे बाति करस राहुल त जनता पर बढ़िया असर पड़ी. ना त बिहारियन के मार भगावे वाला का सहयोग लेबे वाला पार्टी पर बिहारी कतना भरोसा करीहे ?

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।