Raids uncover large scale adulteration in milk products in U.P.


दीपावली का मौका पर दूध के सामान में मिलावट रोके खातिर जहें तहें छापा
यूपी में बड़हन पैमाना पर दूध आ दूध से बनल सामान में मिलावट होखेला आ दीवाली का मौका पर एह मिलावट में अउरी बढ़ोतरी होखे के अनेसा बा. से खाद्य विभाग जहें तहें छापा मार के मिलावटी सामान के पकड़ धकड़ कर रहल बा. गाजियाबाद में सवा लाख रुपया के नकली पनीर बरामद कइल गइल बा त देवरिया में बावन हजार, अम्बेदकरनगर में करीब डेढ़ लाख रुपिया के, गोरखपुर में साढ़े तीन लाख के, आ मथुरा में दू लाख रुपया के नकली खोवा बरामद भइल बा. करीब चार सौ मिलावटखोरन पर मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।