सतवां सरस सलिल भोजपुरी सिने अवार्ड्स

– टीम अंजोरिया

#सरस-सलिल-भोजपुरी-सिने-अवार्ड्स-7वां #भोजपुरी

सतवां सरस सलिल भोजपुरी सिने अवार्ड्स
Saras Salil Awards

15 मार्च 2026, अतवार का दिने पटना के बापू सभागार में आयोजित एगो भव्य समारोह में सतवां सरस सलिल भोजपुरी सिने अवार्ड्स सँउपल गइल।

दिलवालों के दिल का करार लूट कर और बिहार को लूट कर चले गए हैं भोजपुरी के सभी बड़े कलाकार. भोजपुरी सिनेमा के बेस्ट एक्टर बनें अरविंद अकेला ‘कल्लू’ और बेस्ट एक्ट्रेस का अवार्ड ले गई अंजना सिंह. 7वें सरस सलिल भोजपुरी सिने अवार्ड्स का जबरदस्त रंगारंग कार्यक्रम 15 मार्च को शाम 6 बजे गांधी मैदान के बापू सभागार में सम्पन्न हुआ.

कार्यक्रम के शुरुआत करत एंकर माही खान आ शुभम तिवारी अपना बातन से जादू बिखेर दिहलें। आइटम डांसो से लोगन के मनरंजन भइल। खूब ताली बजली सँ आ पब्लिक के सीटी के आवाज सभका पर भारी रहल। एह मौका पर उपस्थित दिल्ली प्रेस के मुख्य सम्पादक परेश नाथ बतवलन कि कवना तरह से सरस सलिल मैगजीन के यात्रा शुरू भइल आ लोगन के दिल मेंं जगहा बना लिहलसि। दिल्ली प्रेस के कार्यकारी प्रकाशक अनंत नाथ कलाकारन के प्रस्तुतियन के सरहलन।

अब आईं जानल जाव कि अवार्ड मिलल केकरा केकरा

बेस्ट एक्टर – अरविंद अकेला (मुझे मेरी बीवी से बचाओ)
बेस्ट एक्ट्रेस – अंजना सिंह (बड़की दीदी छोटकी दीदी)
बेस्ट एक्टर – देव सिंह (बड़की दीदी छोटकी दीदी)
बेस्ट एक्टर इन निगेटिव – अयाज खान (बड़की दीदी छोटकी दीदी)
बेस्ट वायरल सिंगर – राजा जी के तुरल
बेस्ट एक्ट्रेस (टीवी/चैनल/यूट्यूब) – रक्षा गुप्ता (मुझे मेरी बीवी से बचाओ)
बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर (ओटीटी) – कुणाल सिंह (स्वर्ग हमारा)
बेस्ट एक्टर (क्रिटिक) – विमल पांडे (स्वर्ग हमारा)
बेस्ट नेगेटिव एक्टर – सी पी भट्ट (पुर्नजन्म)
बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर – संजय पांडेय (पुर्नजन्म)
बेस्ट फिल्म अवार्ड – संजय पांडेय (घर का बंटवारा)
बेस्ट एक्ट्रेस क्रिटक – संजना पांडेय (घर का बंटवारा)
बेस्ट फीमेल प्लेबैक सिंगर – प्रियंका सिंह (मातृ देवो भव:)
बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर (फुल एंटरटेनमेंट) – के के गोस्वामी (अवैध)
बेस्ट एक्ट्रेस (क्रिटिक) – अपर्णा मलिक (अवैध)
बेस्ट फीमेल प्लेबैक सिंगर – खुशी कक्कर (अवैध)
बेस्ट एक्टर (कॉमिक रोल) – रोहित सिंह (मुझे मेरी बीवी से बचाओ)
बेस्ट फिल्म – निशांत उज्जवल (मुझे मेरी बीवी से बचाओ)
बेस्ट एक्ट्रेस (टीवी/चैनल/यूट्यूब) – ऋचा दीक्षित (परछावन)
बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर (टीवी/चैनल/यूट्यूब) – विनोद मिश्रा
बेस्ट अलबम सिंगर ( फीमेल) – अनुपमा यादव
बेस्ट मेल प्लेबैक सिंगर (टीवी/चैनल/यूट्यूब) – आलोक कुमार (टीवी/चैनल/यूट्यूब)
बेस्ट लिरिसिस्ट – मनोज भावुक (दुल्हनिया नाच नचाए)
बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर (टीवी/चैनल/यूट्यूब) – अनूप अरोरा (पापा की दुल्हनिया)
बेस्ट चाइल्ड एक्टर – आर्यन बाबू (बिन पिया डोली बिन पिया गवना)
बेस्ट चाइल्ड एक्ट्रेस – स्वास्तिका राय (बिन पिया डोली बिन पिया गवना)
बेस्ट एक्टर डिवोशनल फिल्म (टीवी/चैनल/यूट्यूब) – अमरीश सिंह (जय मां विंध्यवासिनी)
बेस्ट सिंगर अल्बम जूरी – मोनू अलबेला

आ चलत चलत सरस सलिल भोजपुरी सिने अवार्ड्स के पिछला छह गो समारोहनो के चरचा कर लिहल जाव त सही रही –

बरीस 2020 में एह अवार्ड्स शो के आयोजन उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला के ‘बादशाह मैरिज हाल’ में करावल गइल रहल जवना में भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार रवि किशन, अरविंद अकेला कल्लू, शुभम तिवारी, विमल पांडेय, काजल राघवानी, रितु सिंह, कनक यादव जइसन बड़हन कलाकारन के सम्मानित कइल गइल रहल। एही समारोह में भोजपुरी में सबले बेसी फिलिम करे वाला बृजेश त्रिपाठी के ‘लाइफटाइम अचीवमैंट’ अवार्ड दिहल गइल रहल।

दुसरका समारोह बरीस 2021 में अयोध्या के ‘फॉरएवर लॉन’ में भइल रहल जहवां दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, प्रदीप पांडेय ‘चिंटू’, आम्रपाली दुबे, संजय पांडेय, संजना सिल्क, अंजलि सिंह, दिवाकर द्विवेदी, अंतरा सिंह ‘प्रियंका’, कविता यादव आ विमल पांडेय उपस्थित रहलें।

तिसरका समारोह बरीस 2022 में बस्ती के होटल ‘बालाजी प्रकाश’ में भइल। एहमें अरविंद अकेला कल्लू, यामिनी सिंह, समर सिंह, कविता यादव, अनूप तिवारी, संजय पांडेय, रोहित सिंह ‘मटरू’, प्रमोद शास्त्री, शुभम तिवारी, विनोद मिश्रा जइसन कलाकारन के सम्मानित कइल गइल। तारकेश्वर मिश्र ‘राही’ के ‘लाइफटाइम अचीवमैंट अवार्ड’ से सम्मानित कइल गइल।

चउथा समारोह फेरु एक बार अयोध्या के ‘फौरएवर लौन’ में भइल रहल। एह समारोह में उपस्थित भोजपुरी सितारन में प्रदीप पांडेय ‘चिंटू’, आम्रपाली दुबे, विनोद मिश्र, अनुपमा यादव, अनारा गुप्ता, गुंजन सिंह, महिमा गुप्ता, जोया खान, महिमा गुप्ता, सृष्टि पाठक, अनुपमा यादव, आ ममता राउत के नाम रेघरियावे जोग रहल।

पंचवो समारोह बरीस 2024 में अयोध्ये में करावल गइल। एहमें सांसद आ भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, आम्रपाली दुबे, देव सिंह, अंजना सिंह, माही खान, विमल पांडेय, पाखी हेगड़े, अंबरीश सिंह, रक्षा गुप्ता, धामा वर्मा, केके गोस्वामी, सीपी भट्ट, आर्यन बाबू, आयुषी मिश्रा समेत अनेके सितारा उपस्थित रहलें। एह समारोह में ‘लाइफटाइम अचीवमैंट अवार्ड’ ‘भोजपुरी सिनेमा के अमिताभ बच्चन’ कहाए वाला कुणाल सिंह के दिहल गइल।

छठवां समारोह के जानकारी सरससलिल के प्रेस विज्ञप्ति में ना मिलल।

अब अगिला समारोह उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में होखे वाला बा। कब कहवां आ कहिया के जानकारी जब मिल पाई तब दिहल जाई।

सरस सलिल के विज्ञप्ति

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।