सिवान के बेटा बिहार के गौरव

– टीम अंजोरिया

#सिवान #जंगबहादुर-सिंह #मारीशस #भोजपुरी

सिवान के बेटा बिहार के गौरव

Son of Siwan Pride of Bihar


पिछला दिने सिवान में देश के पहिलका राष्ट्रपति डॉ राजेन्द्र प्रसाद के पुण्यतिथि पर उनुका जनमभूमि जीरादेई में एगो समारोह में मारीशस के राष्ट्रपति रहल पृथ्वीराज सिंह रूपम का हाथे 105 बरीस उमिर के आ अपना समय में मशहूर रहल भोजपुरी लोकगायक, स्वतंत्रता सेनानी, आ पहलवान रहल जंगबहादुर सिंह के ‘सीवान के बेटा बिहार के गौरव’ सम्मान से
सम्मानित कइल गइल। आपन बड़प्पन आ संस्कार देखावत मारीशस के पूर्व राष्ट्रपति पृथ्वीराज सिंह रूपम मंच से नीचे उतर के सभागार में मौजूद जंगबहादुर सिंह के सम्मानित कइलन।

एह मौका पर आयोजक बिहारी कनेक्ट ग्लोबल के अध्यक्ष डॉ. उदेश्वर सिंह कहलन कि जंग बहादुर सिंह जइसन विभूति के सम्मानित होखल पूरा समाज ला गौरव के बाति बा। ई सम्मान एगो कलाकारे के अभिनंदन ले सीमित ना रहि के भोजपुरी लोकधारा आ स्वतंत्रता संग्राम के सांस्कृतिक विरासतो के सम्मान हवे।

10 दिसंबर 1920 का दिने सिवान जिले के रघुनाथपुर प्रखंड के कौसड़ गांव में जनमल जंग बहादुर सिंह अपना जवानिये में अपना गायन का मार्फत 1942 से 1947 के स्वतंत्रता आंदोलन के उथल-पुथल भरल दौर में गांवे-गांवे घूमके अपना देशभक्ति गीतन का जरिये आजादी के अलख जगावत घूमलन। एह चलते उनुका ब्रिटिश शासन के प्रताड़ना झेले पड़ल आ जेलो जाये के पड़ल बाकिर उनुकर जोश कबो मेहरियाइल ना।

पं. बंगाल के आसनसोल में सेनरेले साइकिल कारखाने में नौकरी करतो घरी ऊ भोजपुरी व्यास शैली में अपना गवनई से झरिया, धनबाद, दुर्गापुर, संबलपुर, अउर रांची समेत कई जगहन आपन अनूठा पहचान बना लिहलन। कहल जाला कि बिना माइको के उनुकर बुलंद आवाज कोसो दूर ले चहुंँप जात रहल। जंगबहादुर सिंह गायकी का साथही कुश्ती के अखाड़ा के मजगर पहलवानो रहलन।

उनुका बारे में बतियावत भोजपुरी कवि आ भोजपुरी सिनेमा के इतिहासकार का रूप में विख्यात मनोज भावुक कहलन कि बाबू जंगबहादुर सिंह के जमाना के भोजपुरी गायक व्यास नथुनी सिंह, वीरेन्द्र सिंह धुरान, गायत्री ठाकुर जइसन लोग आजु हमनी का जमना मे मौजूद नइखे. बाकिर सभे जंगबहादुर जी के गायकी के लोहा मानत रहल। मुन्ना सिंह व्यास आ भरत शर्मा व्यास उनुका जमाना में नया उपज रहुवे. एह फोटो में जंगबहादुर सिंह का साथे मुन्ना सिंह आ भरत शर्मा व्यास के देखीं –

मशहूर लोकगायक मुन्ना सिंह व्यास मांग कइले बाड़न के जंगबहादुर सिंह के पद्मश्री से सम्मानित कइल जाव –

त विख्यात लोकगायक भरत शर्मा व्यास जंगबहादुर सिंह के गायकी के तारीफ करत थाकसु ना उनुकरो कहना बा कि एह महान गायक के सरकारी स्तर पर सम्मानित करे के चाहीं –

भारतीय हॉकी टीम के कोच रहल हरेन्द्र सिंह बतावेलें कि ऊ जंग बहादुर सिंह के लाइव सुनले बाड़न. अपना लईकाईं में इनका के ऊ अपना गांव बंगरा, छपरा में चइता गावत सुनले बाड़न आ गायिकी का साथही झाल बजावे के उनुकर कला के मुरीद हउवन.

सबसे गौरव के बाति ई बा कि जंगबहादुर सिंह अपना गवनई के व्यवसाय ना बनवलें। अइसनका मनई के मिले वाला हर सम्मान उनुका ले बेसी अपने के सम्मानित करेला। नमन बा भोजपुरी के एह कालजयी गायक के।

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।