Students of JP Women’s College of Chapra demonstrated against irregularities in admission in different departments. Principal has denied any irregularity and said that due to paucity of seats in Home Science deptt those students are creating nuisance who failed to get admitted.
छपरा के जयप्रकाश महिला कॉलेज में प्रवेश में धाँधली कइल जा रहल बा आ मेधा का बदले पैरवी आ जान पहिचान वालन के नाम लिखल जा रहल बा. लड़कियन के खास निशाना होम साइन्स, मनोविज्ञान, आ जंतु विभाग रहल.
असल में छपरा सीवान गोपालगंज मिला के बस एही एगो कॉलेज में होम साइन्स में स्नातकोत्तर के पढ़ाई होखेला जवना चलते एडमिशन के इच्छुक छात्रा करीब पाँच सौ रहली आ सीट रहल ६४ गो. प्राचार्या डा॰किरण कुमारी के कहना बा कि कम सीट रहला का चलते जिनकर नाम ना लिखल जा सकल से हंगामा करत बा. विश्वविद्यालय के सीट बढ़ावे के लिखल गइल बा बा किर जबले ओहिजा से सीट ना बढ़ी तबले कॉलेज कुछ ना कर सके.
0 Comments