Tag: छपरा

टटका खबर : बियफे, 6 अगस्त 2015 (छपरा-बलिया)

भोजपुरी के संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल करावे के मांग ले के आजु दिल्ली में भोजपुरी के अनेके संगठन एक दिन के धरना देत बाड़ें. एह लोग के कहना बा कि मोदी सरकार भोजपुरी के मान्यता देबे में कोताही करत बिया आ आपने दीहल चुनावी...

Read More

टटका खबर : बुध, 5 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)

मध्य प्रदेश के हरदा में काल्हु रात माचक नदी पर बनल पुल पर दूगो रेलगाड़ी पटरी से उतर गइली सँ जवना से 27 जने के मौत हो गइल आ बहुते लोग घवाहिल हो गइल बा. मरे वालन के गिनिती बढ़े के अनेसा बा काहे कि बचाव के काम अबहीं चलत बा. एह...

Read More

टटका खबर : मंगल, 4 अगस्त 2015 (छपरा-बलिया)

बहाली आदेश मिलला में होखत देरी से नाराज शिक्षक अभ्यर्थी सोमार का दिने छपरा म्यूनिसिपैलिटी चीौक के जाम क दिहलें आ जिला परिषद गेट का सोझा आग लगा के रास्ता पूरा तरह से बंद कर दिहलें. एह लोग के बहाली आदेश देबे खातिर 3 तारीख के...

Read More

टटका खबर : (शुक, 17 जुलाई 2015) अबेर संस्करण

राजद नेता लालू प्रसाद के कहना बा कि भाजपा के परिवर्तन रथन का जवाब में ऊ एक हजार टमटम से आपन चुनाव प्रचार शुरू करीहें. जान जाई कि राजनीतिक नौटंकीबाजी आ लबरई मे लालू के आजु ले कवनो सानी नइखे. उत्तर आ दक्खिन बिहार के जोड़े वाला...

Read More

टटका खबर : सबेर (बियफे, 16 जुलाई 2015)

पता ना कवना नक्षत्र के फेर बा कि जब जब पीएम मोदी के वाराणसी दौरा के कार्यक्रम बनेला तब तब बरखा उनकर आइल मुश्किल बना देले. आजुओ उनकर वाराणसी के कार्यक्रम बा आ रातही से रुक रुक के बरखा होखत बा. आजु उनुका एगो बिजली प्रोजेक्ट आ...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।