Tennis stars revolt against apathy

The star tennis players of India have threatened to boycott CWGames if their overdue payments are not released forthwith. These players are Leander Paes, Mahesh Bhupathi, Somdev Devvarman, and Rohan Bopanna.

हिन्दुस्तान के पुरुष टेनिस खिलाड़ी टीम के चारो सदस्य अपना एसोसिएशन के चिट्ठी भेज के चेतवले बाड़े कि अगर अगिला महीना ले ओह लोग के बकाया भुगतान ना कइल गइल त ऊ लोग अक्टूबर में होखे वाला खेल खातिर उपलब्ध ना हो पाई.

लिएन्डर पेस, महेश भूपति, सोमदेव देववर्मन, आ रोहन बोपन्ना के एह माँग के जवाब में खेल मंत्रालय के कहना बा कि ऊ एह लोग खातिर आपन नियम ना बदल सके. सरकार के हर बिल के असली सुबूत चाही जबकि खिलाड़ियन के कहना बा कि ओह लोग का लगे अतना समय ना रहे कि सरकारी औपचारिकता निभा पावे लोग. एसोसिएशन के कहना बा कि सरकार का लगे ओह खिलाड़ीयन के विदेशी टूर्नामेंटन में खेले के सुबूत बड़ले बा आ इहे पर्याप्त होखे के चाहीं.

बाकिर अगर सच्चाईये के सुबूत मान लेव त ऊ किरानी कइसन ?

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।