शेयर बाजार के चरचा यूट्यूब पर
trading info on youtube
– टीम अंजोरिया
#शेयर-बाजार #यूट्यूब # भोजपुरी
दुष्यन्त कुमार के एगो कविता के कुछ पंक्ति हवे –
सिर्फ हंगामा खड़ा करना मेरा मकसद नहीं
मेरी कोशिश है यह सूरत बदलनी चाहिये.
मेरे सीने में न सही तो तेरे सीने में सही
हो कहीं भी आग लेकिन आग जलनी चाहिये.
रउरा सोचब कि मथैला हँसुआ के बिआह में खुरपी के गीत काहे सुनावे लगनी. त जान जाईं कि हमरो यूट्यूब वाली बीमारी ध लिहले बिया. मथैला कुछ अउर आ जब चैनल सुने चलब त मसला कुछ अउरे मिली. कबो कबो त मथैला से ओह वीडियो के बीच भवह भसुर वाला रिश्ता मिल जाई! हमहन के समाज में भसुर भवह के छुवे ना. आ एक से एक नामी चैनलो इहे काम करेलें. मकसद बस इहे होला कि केहू तरह रउरा ओह वीडियो के सुने-देखे ला क्लिक कर दीं.
बाकिर दुष्यन्त कुमार के कविता के पंक्ति उद्धृत करे के मकसद आपन खुशी जतावल रहुवे कि चलऽ भोजपुरी में अब नया नया काम होखे लागल बा. आ जबो अइसन कुछ जानकारी हमरा मिलेला त ओकर चरचा एहिजा जरुर कर दीं.
आजु यूट्यूब पर घूमत नजर पड़ गइल एगो वीडियो पर. चैनल नया रहुवे वाकिर विषय भोजपुरी ला नया. वइसे अंजोरिया डॉटकॉम पर शेयर चरचा बहुते दिन से हो रहल बा. कोशिश रहेला कि भोजपुरी में बस किस्से-कहानी, गीते-गवनई तक सीमित ना राखत एहमें हर विषय पर चरचा कइल जाव. काहे कि भोजपुरी में बहुते समरथ बा. दुनिया के एगो बड़हन आबादी भोजपुरी में बोले बतियावेला, भोजपुरी मेंं तरह तरह के काम करेला. कुछ से रोजी रोजगार चलेला. कुछ बस स्वान्त: सुखाय होला जइसे कि दुनिया भर में भोजपुरी में शुरु होखे वाला पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम के प्रकाशन.
भोजपुरी में पत्रिका, किताब, गीत-गवनई, वीडियो, फिलिम वगैरह के काम होखत रहेला. एक जमाना में महुआ टीवी का रूप में एगो मजगर आ पोढ़ टीवी स्टेशनो रहल. दुर्भाग्य से भोजपुरी के बहुते काम जम्हुआ छुवला का गिरफ्त आ जाला आ ढेर दिन ले ना चल पावे. हमरा सीमित जानकारी में भोजपुरी दिशाबोध के पत्रिका पाती अंजोरिया से पहिले से प्रकाशित हो रहल बिया आ अबहियों जिन्दा बिया. ना त तेईस बरीस से बेसी ले लगातार चलत रहे वाला कवनो दोसर भोजपुरी पत्रिका भा कवनो भोजपुरी वेबसाइट नइखे.
यूट्यूब पर रवीश कुमार के चैनल आ आजतक के चैनल बीच बीच में भोजपुरी में वीडियो जारी करत रहेला. शेयर बाजार के चरचा करे वाला बहुते चैनल पर भोजपुरिया अंदाज जरुर मिलेला बाकिर पूरा वीडियो भोजपुरी में हमरा पहिलका बेर लउकल त सोचनी कि रउरो से ई जानकारी साझा कर दीं. वइसे हमहन भोजपुरियन के सुभाव में ना होला कि दोसरा के प्रशंसा करीं, दोसरा के प्रचार करीं, दोसरा के चरचा करीं. तेईस बरीस से लगातार अंजोर होत आइल राउर अंजोरिया डॉटकॉम के जानकारी दोसरा से साझा कइल त दूर, एह पर अंजोर भइल रचनन पर एक दू लाईन के कमेंटो लिखल हमनी के शान का खिलाफ होला.
आईं अब ट्रेडिंग संतोष वाला मथैला वाला एह यूट्यूब चैनल के जानकारी रउरो से साझा कर दीं. संगही संगे ई बतावलो जरुरी बा कि एह चैनल के संचालक का बारे में कवनो जानकारी भा परिचय हमरा लगा नइखे. जवन बा तवन बस इहे –
एह वीडियो में दीहल जानकारी के गुणदोष पर कवनो चरचा नइखीं करत. नइखीं जानत कि ई जानकारी रउरा काम के बा कि ना. बाकिर चूंकि ई चैनल भोजपुरी में बा त रउरा से एकर चरचा कइल जरुरी लागल.
चैनल का साथे दीहल जानकारी में संचालक बतवले बाड़न कि –
एह वीडियो में हम Option Chain पढ़े के पूरा तरीका बहुत आसान भोजपुरी भाषा में समझवले बानी।
अगर रउआ Nifty, Bank Nifty, Fin Nifty में trading करेनी त ई वीडियो रउआ खातिर बहुत जरूरी बा।
📌 एह वीडियो में जानेनी:
Option Chain का होला?
Call (CE) और Put (PE) का मतलब
Open Interest (OI) कैसे पढ़े
Support और Resistance कैसे निकाले
Beginner के लिए सही trading logic
Option buying में common mistake
👉 ई वीडियो Beginner से लेकर Intermediate trader तक सबके लिए बा।
अगर वीडियो पसंद आए: 👍 Like करीं
🔔 Channel subscribe करीं
📤 Trading सीखल दोस्तन से share करीं
अगर रउरो जानकारी में भोजपुरी में होखत कवनो बढ़िया काम होखो त अंजोरिया पर ओकरा के साझा जरुर करीं. हमनी के बहुत प्रसन्नता होखी ओकरा के अंजोर कइला में.

0 Comments