U.P. Govt asks Lucknow University to raid private BEd colleges

Govt has asked Lucknow University to raid private B.Ed. colleges against whom complaints of overcharging has been lodged. Merely sending notices wont do, it says.

प्रशासन तय कर दिहले बा कि राज्य के कवनो निजी बीएड कालेज निर्धारित फीस से अधिका ना वसूली. निर्धारित फीसो लखनऊ विश्वविद्याले ले लिहलसि कि बाद में ओह कालेजन के भेज दिहल जाई. बाकिर सगरी कालेज मनमानी फीस वसूले में लागल बाड़ी स आ ओह वसूली के कवनो रसीदो नइखे दिहल जात. जवन छात्र ई नाजायज धन नइखे देत ओकरा के तरह तरह से परेशान कइल जा रहल बा.

अब शासन लखनऊ विश्वविद्यालय के निर्देश दिहले बा कि जवना कॉलेज में अइसन गड़बड़ी के शिकायत मिलत बा ओहिजा छापा मार के पता लगावल जाव आ शिकायत सही बुझइला पर ओह कॉलेज के मान्ययता रद्द कर दिहल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।