UP govt has gifted benefits to its employees

In a cabinet decision UP Government has decided to give 6th Pay Commission benefits to Agricultural University teachers and 4th grade govt.employees. They have been awarded many other benefits too incudinn loan facility to buy cars and computers.

डेढ़ा पइसा आधा काम रघुपति राघव राजा राम जपे वाला अपना कर्मचारियन के यूपी सरकार त्योहार से पहिलही उपहार दे दिहले बिया. सरकार तय कइले बिया कि चउथको श्रेणी के कर्मचारियन के अब छठा वेतनमान के फायदा .दे दिहल जाई. संगही संगे इहो कह दिहलसि कि अब चउथका श्रेणी में नया बहाली ना होखी आ आउसोर्सिंग से काम चलावल जाई. कृषि विश्चविद्यालय के शिक्षको लोग के छठा वेतनमान दे दिहल गइल बा.
इहो तय भइल बा कि अब सरकारी कर्मचारी गाड़ी बा कंप्यूटर खरीदे खातिर सरकार से उधारी ले सकेले. दिहाड़ी पर काम करे वाला सगरी मजदूरन के नियमित कर दिहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।